Tatkal Ticket Rules 2025 : 1 जुलाई से लागू होई OTP वाला प्रोसेस, तत्काल टिकट खातिर नियम जारी

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। New Tatkal Ticket Rules: तत्काल टिकट बुकिंग खातिर बड़ कदम उठावत भारतीय रेलवे घोषणा कइले बा कि 1 जुलाई 2025 से खाली आधार वेरिफाइड यूजर्स तत्काल ट्रेन टिकट बुक कs सकी लोग। रेल मंत्रालय 10 जून 2025 के सब रेलवे जोन्स के निरदेस जारी कइलस, जेमे कहल गइल कि ई नियम ‘तत्काल स्कीम के फायदा आम यूजर्स तक पहुंचावे’ खातिर बा।

आधिकारिक नोटिफिकेशन में बतावल गइल कि ’01-07-2025 से तत्काल स्कीम के तहत टिकट खाली भारतीय रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉरपोरेशन (IRCTC) के वेबसाइट/ऐप के माध्यम से आधार वेरिफाइड यूजर्स बुक कs सकी लाेग।’

इसके अलावा, मंत्रालय ने निर्धारित किया है कि 15 जुलाई, 2025 से यात्रियों को तत्काल बुकिंग के लिए आधार-बेस्ड OTP ऑथेंटिकेशन का एक एडिशनल स्टेप पूरा करना होगा।

तत्काल टिकट नियम 2025 के डिटेल्स (New Tatkal Ticket Rules 2025)

  • 1 जुलाई 2025 से भारतीय रेलवे के तत्काल स्कीम के तहत ट्रेन टिकट खाली IRCTC वेबसाइट भा मोबाइल ऐप के माध्यम से बुक होई आ ई ओह यूजर्स खातिर होई जे आधार वेरिफिकेशन पूरा कइले बा।
  • एकरा अतिरिक्त, 15 जुलाई 2025 से मंत्रालय तत्काल बुकिंग के दौरान एगो अतिरिक्त आधार-लिंक्ड OTP वेरिफिकेशन प्रोसेस के अनिवार्य कइले बा।
  • निरदेस में भारतीय रेलवे के ऑथराइज्ड टिकटिंग एजेंट्स खातिर तत्काल बुकिंग के लेके प्रतिबंधो बतावल गइल बा।
  • ई एजेंट्स पहिला दिन तत्काल टिकट बुकिंग के सुरुआती 30 मिनट में बुकिंग ना कs पाएम। ई प्रतिबंध एयर-कंडीशंड क्लासेस खातिर सबेरे 10.00 से 10.30 आ नॉन-एयर-कंडीशंड क्लासेस खातिर सबेरे 11:00 से 11:30 तक लागू होई।
  • सेंटर फॉर रेलवे इन्फॉर्मेशन सिस्टम्स (CRIS) आ IRCTC के मंत्रालय सिस्टम में जरूरी बदलाव करे आ एह अपडेट्स के सब जोनल रेलवे डिवीजन्स तक पहुंचावे के निर्देस देले बा।

Read Also: Gorakhpur News: ना कार देम…ना किस्त भरेम, भूला जा गाड़ी’, जेई मंगलें आपन गाड़ी तs दोस्त धमकवलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-