बिहार सहित 15 राज्यन में अगला 48 घंटा के दौरान भारी बरखा के चेतावनी, 50-70 किमी के रफ्तार से चली तेज हवा

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 12, 2025

दिल्ली में बुध के भी तापमान 45 डिग्री के आसपास रहे। हालांकि लोग तापमान 50 डिग्री से अधिका महसूस करत रहले। बियफ़ें के स्थिति अवुरी कठिन होखे के उम्मेद बा। भारतीय मौसम विभाग दिल्ली में

Share

दिल्ली में बुध के भी तापमान 45 डिग्री के आसपास रहे। हालांकि लोग तापमान 50 डिग्री से अधिका महसूस करत रहले। बियफ़ें के स्थिति अवुरी कठिन होखे के उम्मेद बा।

भारतीय मौसम विभाग दिल्ली में गर्मी के लहर के चेतावनी जारी कइले बा. बियफ़ें (12 जून) के पारा के तापमान 48 डिग्री तक पहुंच सकता। एकरा संगे गरम हवा के चलते लोग के बहुत परेशानी हो सकता। दिल्ली में बुध के भी बेहद गरम रहे। दिल्ली के विभिन्न मौसम स्टेशनन में तापमान 40.9 से 45.0 डिग्री सेल्सियस के बीच रहे। मौसम विभाग के कहना बा कि साँझ साढ़े पाँच बजे दिल्ली के अयनगर में 45 डिग्री सेल्सियस के तापमान वाला सबले गरम इलाका रहल. हालांकि एह दौरान जनता के जवन गर्मी महसूस भईल उs एकरा से भी जादे रहे। बुध के दिने दिल्ली में लोग के पारा 50 डिग्री पार होखे के अहसास भइल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.