Tata Group Stock: लगातार टूट रहल बा टाटा ग्रुप के ई शेयर, कबो निवेशकन के देले रहे जोरदार रिटर्न
Tata Group Stock: टाटा ग्रुप के कंपनी टाटा टेलीसर्विसेज (महाराष्ट्र) लिमिटेड के स्टॉक कबो अपना निवेशकन के जोरदार रिटर्न देले रहे बाकिर अब ई स्टॉक लगातार टूट रहल बा। पिछला एक साल में ई 50 फीसदी से बेसी टूट चुकल बा।
कहल जाला कि शेयर मार्केट (Share Market) कैलकुलेशन के खेल हs। जदि कैलकुलेन एक बेर फिट बइठल तs निवेशकन खातिर बल्ले-बल्ले, ना तs भारी नुकसान। हालांकि, शेयर मार्केट में स्टॉक के ऊपर-नीचे होखल चलत रहेला। बाकिर कबो-कबो अइसनो शेयर टूटे लागेला, जवना पs निवेशकन के बहुत जादे भरोसा होला। अइसने टाटा ग्रुप (Tata Group) के एगो स्टॉक बा टाटा टेलीसर्विसेज (महाराष्ट्र) लिमिटेड (TTML)। ई स्टॉक पिछला कई सत्रन से लगातार टूट रहल बा। सुक के एह कंपनी के शेयर अपना 52 वीक के लो लेवल पs पहुंच गइल।
एक साल से गिरावट
BSE पर मवजूद आंकड़न के मोताबिक, TTML के शेयर पिछला एक साल से लगातार गिरावट में बा। निवेशकन के जोरदार रिटर्न देने वाला ई शेयर एह घरी अपना 52 वीक के हाई लेवल से लगभग 78 फीसदी तक टूटल बा। टाटा ग्रुप के शेयर 11 जनवरी 2022 के अपना 52 वीक हाई 291.05 रुपये पs पहुंच गइल रहे। बाकिर सालभर में ई शेयर 60 फीसदी तक गिर चुकल बा। एह दौरान एह स्टॉक के कीमत 163 रुपिया टूटके 66.60 रुपिया पs आ गइल बा।
एह साल केतना टूटल ई स्टॉक
TTML एह साल YTD में अब तक 28.27 फीसदी तक टूटल बा। पिछला पांच साल में ई शेयर 968.99 फीसदी के रिटर्न देले बा। पिछला पांच दिनन में ई स्टॉक 15.43 फीसदी टूटल बा। महीना भर में ई 22 फीसदी से अधिक गिरल बा। पिछला छव महीना में एह शेयर में 36 फीसदी से बेसी के गिरावट आइल बा। सुक के TTML के स्टॉक 69.05 रुपिया पs ओपन भइल आ 70.00 रुपये के इंट्राडे हाई पs पहुंचल आ एकर लो लेवल 64.70 रुपिया रहल बा। सुक के 3.83 फीसदी के गिरावट के संगे स्टॉक 66.60 रुपिया पs क्लोज भइल।
TTML टाटा टेलीसर्विसेज के सब्सिडियरी कंपनी हs। ई कंपनी अपना सेगमेंट में मार्केट के टॉप कंपनी हियs। ई वॉइस डेटा सर्विस प्रदान करत बा। ई एहो लॉर्ज कंपनी हs आ एकर मार्केट कैपिटलाइजेशन 12,873.20 करोड़ रुपिया बा। हाले में कंपनी व्हाट्सएप बिजनेस प्लेटफॉर्म के संगे आपन क्लाउड कम्युनिकेशन सूट स्मार्टफ्लो के स्ट्रैटजी के विस्तार करे के ऐलान कइले बिया।
गिरावट के संगे क्लोज भइल मार्केट
भारतीय शेयर मार्केट सुक के गिरावट के संगे क्लोज भइल। इहो हफ्ता उतार-चढ़ाव भरल रहल। सेंसेक्स 123.52 अंक भा 0.20 फीसदी टूटके 60,682.70 पs आ निफ्टी 37 अंक नीचे भा 0.21 प्रतिशत 17,856.50 पs क्लोज भइल। एह हफ्ता के दौरान सेंसेक्स 159.18 अंक भा 0.26 प्रतिशत टूटल, जबकि निफ्टी सपाट बंद भइल।
Comments are closed.