Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Share Market : 85 अंक गिरके 17,800 के नीचे बंद भइल निफ्टी, आईटी, मेटल आ बैंकिंग शेयरन में भइल बिकवाली

Share Market Closing: शेयर बाजार आज गिरावट के संगे बंद भइल। बाजार के दुनो सूचकांकन में करीब आधा प्रतिशत के गिरावट भइल बा। सेंसेक्स में टाइटन टॉप गेनर रहल। डॉलर के मुकाबले रुपियो गिरके बंद भइल।

3,062

शेयर बाजार खातिर सोमार के दिन उतार-चढ़ाव भरल रहल। सपाट खुलला के बाद बाजार तेजी से नीचे आ गइल आ करीब आधा प्रतिशत के गिरावट के संगे बंद भइल। बाजार में लगभग सब सेक्टर्स लाल निशान में बंद भइल। सबसे बेसी दबाव आईटी, मेटल, रियल्टी, सरकारी बैंक आ मीडिया इंडेक्स पs देखल गइल।

मुख्य सूचकांकन के बात करीं, तs बीएसई सेंसेक्स 250. 86 अंक भा 0.41 प्रतिशत गिरके 60,431.84 अंक पs बंद भइल। एनएसई निफ्टी 85.60 अंक भा 0.48 प्रतिशत गिरके 17,770.90 पs बंद भइल।

टॉप गेनर्स आ लूजर्स

सेंसेक्स पैक में 1.97 प्रतिशत के बढ़त के संगे टाइटन टॉप गेनर रहल। एलएंडटी, एनटीपीसी, पावर ग्रिड, आईटीसी, सन फार्मा, एचडीएफसी, टाटा स्टील, एचडीएफसी बैंक, एचसीएल टेक, नेस्ले आ कोटक महिंद्रा बैंक बढ़त के संगे बंद भइल, जबकि एसबीआई, इन्फोसिस, टीसीएस, बजाज फाइनेंस, टेक महिंद्रा, विप्रो, एक्सिस बैंक, बजाज फिनसर्व, टाटा मोटर्स, एमएंडएम, एशियन पेंट, आईसीआईसीआई बैंक, रिलायंस आ इंडसइंड बैंक में नुकसान भइल।

दुनिया के बाजारन के हाल

एशिया में शंघाई, ताइवान आ जकार्ता के छोड़के लगभग सब बाजार लाल निशान में बंद भइल बा। यूरोपीय बाजारन में मिलल जुलल कारोबार हो रहल बा। अमेरिका के बाजार सुक के सत्र में गिरावट के संगे बंद भइल रहे। कच्चा तेल के बेंचमार्क 1.28 प्रतिशत गिरके 85.28 डॉलर प्रति बैरल के अगरी कगरी बा।

रुपया 15 पईसा फिसलल

डॉलर के मुकाबले रुपिया आज 15 पईसा गिरके 82.73 पs बंद भइल बा। इंटरबैंक फॉरेन एक्सचेंज के मोताबिक, डॉलर के मुकाबले आज रुपिया 82.68 पs खुलल रहे, जवना के बाद रुपिया में गिरावट बढ़त चल गइल आ 82.77 के न्यूनतम स्तर के छूअल। हालांकि, बाद में रिकवर कs के 82.73 पs बंद भइल। एकरा पहिले के सत्र में रुपिया 82.58 पs बंद भइल रहे।

460450cookie-checkShare Market : 85 अंक गिरके 17,800 के नीचे बंद भइल निफ्टी, आईटी, मेटल आ बैंकिंग शेयरन में भइल बिकवाली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.