कोयंबटूर के DIG विजयकुमार आत्महत्या कइलें: गनमैन से पिस्तौल मंगलें, फेर खुद के गोली मरलें; करीबियन से कहलें रहस- तनाव में बानी
तमिलनाडु में कोयंबटूर रेंज के उप महानिरीक्षक (DIG) एस विजयकुमार आत्महत्या कs लेलें। ऊ सर्विस रिवॉल्वर से खुद के गोली मार लेलें। पुलिस के मोताबिक DIG विजयकुमार सबेरे लगभग 6:15 बजे शहर के रेड फील्ड्स में बनल घर में जान दे देलें।
ऊ ई डेग काहे उठवलें, एकरा कारणन के पता लगावल जा रहल बा। उनका साथियन के मोताबिक ऊ बतवलें रहस कि पिछला कुछ दिनन से तनाव में बा।
45 साल के विजयकुमार के शव पोस्टमॉर्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। 2009 बैच के IPS अधिकारी एही साल 6 जनवरी के DIG के तौर पs कार्यभार संभरले रहस।
एकरा पहिले ऊ बतौर पुलिस डिप्टी कमिश्नर अन्ना नगर चेन्नई आ कांचीपुरम, कड्डलोर, नागापट्टिनम आउर तिरुवरुर में पुलिस अधीक्षक के रूप में तैनात रहस।
रिपोर्ट्स में दावा- PSO के पिस्तौल से मरले गोली
हालांकि, रिपोर्ट्स में ई कहल जा रहल बा कि विजयकुमार सबेरे टहले निकलले आ करीब 6.45 बजे अपना कैंप ऑफिस अइलें।
ऊ अपना निजी सुरक्षा अधिकारी (PSO) से ओकर पिस्तौल मंगले। एकरा बाद ऊ ऑफिस से बाहर आ गइलें। ऊ सबेरे करीब 6.50 बजे खुद के गोली मार लेलें। विजयकुमार अपना साथियन से कहले रहस कि ऊ कुछ हफ्तन से ठीक से सुत नइखन पा रहल आ डिप्रेशन में बाड़ें।
CM स्टालिन बोललें- ई पुलिस विभाग खातिर नुकसान
तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन घटना पs दुख व्यक्त कइलें आ कहलें कि निधन पुलिस विभाग खातिर एगो बड़ नुकसान बा। मुख्यमंत्री ट्वीट में लिखलें- ऊ सी विजयकुमार के असामयिक मौत के खबर सुनके दुखी बाड़े। विजयकुमार तमिलनाडु पुलिस बल के बढ़िया सेवा कइले रहस। उनका परिवार, दोस्तन आ पुलिस बल के प्रति हमार गहिराह संवेदना आ सहानुभूति बा।
पिछला कुछ सालन में तमिलनाडु में कवनो वरिष्ठ अधिकारी के आत्महत्या करे के ई दूसरका घटना हs। सी विजय कुमार से पहिले तिरुचेंगोडे के तत्कालीन पुलिस उपाधीक्षक (DSP) विष्णुप्रिया 2015 में नामक्कल में अपना घर पs आत्महत्या कs लेले रहली।
Comments are closed.