[the_ad_group id="30365"]

Neha Singh Rathore: सीधी पेशाब कांड में नेहा सिंह राठौर पs FIR; संघ के ड्रेस पहीरलें आदमी के मीम कइलें रहली पोस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेहा सिंह राठौर अपन ट्विटर हैंडल पs एगो पोस्ट कइलें रहली जेमें ऊ आपन लोकप्रिय गाना ‘यूपी में का बा’ के तर्ज पs जल्दिये ‘एमपी में का बा’ ले आवे के बात कहले रहली। पोस्ट में एगो मीम जोड़ल गइल बा, जवना पs बवाल हो रहल बा।

लोकगायिका नेहा सिंह राठौर पs भोपाल के हबीबगंज थाना में एफआईआर दर्ज करावल गइल बा। उनका पs ई एफआईआर अपना ट्विटर अकाउंट से एगो विवादित ट्वीट पोस्ट कइल गइला पs दर्ज करावल गइल बा, जेमे आरएसएस के  ड्रेस पहिनले एगो आदमी सामने बइठल आदमी पs पेशाब करत देखाई पड़त बा।

दावा कइल जात बा कि ई पोस्ट सीधी कांड से प्रेरित बा। सीधी में एगो आदमी एगो आदिवासी आदमी पs पेशाब कs देले रहे। एफआईआर में गायिका पs आरएसएस अउर आदिवासी समुदाय में शत्रुता पैदा करावे के आरोप लगावल गइल बा। उनका पs भारतीय दंड संहिता आईपीसी के धारा 153A लगावल गइल बा। एह धारा में जाति, धर्म, निवास, भाषा जइसन ममिलन में दु समूहन में शत्रुता पैदा करे से संबंधित ममिला दर्ज कइल गइल बा।

दरअसल, नेहा सिंह राठौर अपना ट्विटर हैंडल पs एगो पोस्ट कइली जेमे ऊ आपन लोकप्रिय गाना यूपी में का बा’ के तर्ज पs जल्दिये ‘एमपी में का बा’ ले आवे के बात कइले रहली। पोस्ट में एगो मीम जोड़ गइल बा, जेमे आरएसएस के ड्रेस पहिनले एगो आदमी के सीधी कांड के तरे एगो अउरी आदमी पs पेशाब करत देखावल गइल बा। एह पोस्ट में अरेस्ट प्रवेश शुक्ला के हैशटैग जोड़ल गइल बा, जवन सीधी कांड के आरोपी बा। 6 जुलाई के सबेरे 10.39 बजे कइल ई पोस्ट बहुत जलदी चरचा में आ गइल आउर ओकरा बाद लोग प्रतिक्रिया देवल सुरू कs देलस।

एकरा बादे भाजपा के एगो कार्यकर्ता सूरज खरे एकरा आरएसएस अउर आदिवासियन के बीच वैमनस्यता बढ़ावे के प्रयास मानत एह पs प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। पुलिस ममिला दर्ज कs के जांच करे के बात कइले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]