[the_ad_group id="30365"]

खराब मौसम के चलते अमरनाथ यात्रा रोकल गइल, बद्रीनाथ हाईवे बंद: उत्तराखंड के धारचूला में बादल फटल, हिमाचल में लैंडस्लाइड में बाल-बाल बचल कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौसम विभाग (IMD) अगिला 24 घंटन में बिहार आ तेलंगाना के छोड़के देस के सब राज्यन में तेज बरखा के अलर्ट जारी कइले बा। जम्मू-कश्मीर में भारी बरखा आ खराब मौसम के चलते अमरनाथ यात्रा रोक दिहल गइल बा।

उत्तराखंड के चमोली में पहाड़न से पत्थर गिरला के चलते बद्रीनाथ हाईवे बंद बा। पिछला 10 दिनन में ई हाईवे चउथा बेर बंद भइल बा। ओहिजा, पिथौरागढ़ जिला के धारचूला में सुक के बादल फटला से पुल बह गइल। इहां चल गांव में 200 लोग फंस गइल बा। रेस्क्यू करे जा रहल SDRF के टीमो फंस गइल।

ओने, हिमाचल प्रदेश में कालका-सोलन हाईवे पs अचानके पहाड़न से पत्थर गिरल सुरू हो गइल। एगो कार पत्थरन के चपेट में आवे से बाल-बाल बचल।

बियफे के देस भर में खराब मौसम से जुड़ल अलग-अलग घटनन में 20 लोगन के मौत हो गइल। उत्तर प्रदेश आ मध्य प्रदेश में बिजली गिरला से 13 लोगन के जान चल गइल बा।

दुनो रूट पs रोकल गइल बा अमरनाथ यात्रा

जम्मू-कश्मीर में खराब मौसम के चलते पहलगाम आ बालटाल दुनो रूट पs अमरनाथ यात्रा रोक दिहल गइल बा। अधिकारी लोग बतावल कि मौसम ठीक होखतही यात्रा फेर से सुरू कs दिहल जाई। अब तक 80 हजार से जादे लोग अमरनाथ दर्शन कs चुकल बा।

ओने, केरल के कइयन जिलन में लगातार बरखा हो रहल बा। कन्नूर आ कासरगोड में रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। अलप्पुझा के निचला इलाकन में बाढ़ आ गइल बा। एक हजार से जादे लोगन के रिलीफ कैंपन में शिफ्ट कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]