ताइवान में मंडरा रहल बा तूफान क्रैथॉन के खतरा, स्कूल-कॉलेज बंद; ‘लॉकडाउन’ जइसन हालात

Minee Upadhyay
ताइवान टाइफून क्रैथॉन: फोटो

 

फिलीपींस में तबाही मचावे के बाद चक्रवाती तूफान क्रैथॉन अब ताइवान के ओर बढ़ रहल बा। एह तूफान के देखत ताइवान सरकार एहतियात के उपाय कइले बिया. बुध के दिने राजधानी ताइपे समेत देश के बड़हन हिस्सा में सगरी कार्यालय, स्कूल-कॉलेज आ वित्तीय बाजार बंद कs दिहल गइल बा. बुध के दिने ताइवान में तूफान के चलते सैकड़न उड़ान बंद हो गइल.

तूफान से तबाही हो सकेला

ताइवान के मौसम विभाग के ओर से जारी पूर्वानुमान में कहल गईल बा कि इs एगो तूफान हs, जवना से बड़ तबाही हो सकता। क्रैथॉन के चलते तट पs भारी लहर पैदा होई अवुरी मुसलाधार बरखा होई। स्थिति के देखत ताइवान सरकार लोग के घर में रहे के सलाह देले बिया अवुरी समुद्र, नदी अवुरी पहाड़ से भी दूर रहे के सलाह देले बिया।

सरकार तइयारी कइलस

ताइवान के मौसम विभाग के कहल बा कि बियफ़ें के सबेरे काऊशुंग अवुरी ओकरा पड़ोसी शहर तैनान के बीच आँधी-तूफान के जमीन पs उतरे के उम्मेद बा, जवना के बाद इs तूफान पश्चिमी तट के संगे राजधानी ताइपे के ओर बढ़ी। ओने ताइवान सरकार एह तूफान से निपटे खातिर 38 हजार सेना जवानन के स्टैंडबाय मोड में तइयार रखले बिया.

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।