US: भारत प्रत्यर्पण से बचे खातिर तहव्वुर राणा चललस आखिरी चाल, अमेरिका के मुख्य न्यायाधीश से कइलें अपील

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क : मुंबई हमला के आरोपी तहव्वुर राणा आपन भारत प्रत्यर्पण रोके खातिर हरसंभव कोसिस कs रहल बा। अब ऊ प्रत्यर्पण रोके खातिर आखिरी चाल चलले बिया आ अमेरिका के मुख्य न्यायाधीश जॉन रॉबर्ट्स से अपील कइले बाड़ें। गौर करे वाला बात कि तहव्वुर राणा एकरा पहिले अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट के जस्टिस एलेना कागन के सामने अपील कइल गइल रहे, बाकिर जस्टिस एलेना तहव्वुर राणा के याचिका के खारिज कs दिहल गइल रहे।

4 अप्रिल के हो सकत बा सुनवाई

अमेरिका के मुख्य न्यायाधीश जॉन रॉबर्ट्स आवे वाला 4 अप्रिल के तहव्वुर राणा के अपील पs सुनवाई कs सकत बा। अमेरिकी सुप्रीम कोर्ट के वेबसाइट पs ई जानकारी दिहल गइल बा। अपना अपील में तहव्वुर राणा ओकर भारत प्रत्यर्पण रोके के अपील कइले बा। दरअसल, तहव्वुर राणा के भारत प्रत्यर्पण के डर सता रहल बा। तबे जब ऊ जस्टिस एलेना से अपील कइलस तs ओमे कहल गइल रहे कि ओकरा के भारत में प्रताड़ित कइल जा सकत बा आ एकरा चलते ऊ जादे लमहर समय तक जिंदा ना रह पाई।

तहव्वुर राणा के सता रहल बा डर

तहव्वुर राणा कहलें कि ऊ एगो मुस्लिम बाड़ें आ पाकिस्तानी मूल के बाड़ें। संगही ऊ पहिले पाकिस्तानी सेना में सेवा दे चुकल बाड़े। एकरा कारण भारत में प्रताड़ित कइल जा सकत बा। मुंबई हमला के साजिशकर्ता इहो कहलस कि ओकर सेहत ठीक नइखे आ ऊ कइयन गंभीर बेमारियन से जूझ रहल बा। अइसन में ओकरा के भारत में प्रताड़ित कs के मारल जा सकत बा। उल्लेख जो बा कि फरवरी में अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कहले रहस कि तहव्वुर राणा के भारत प्रत्यर्पित कइल जाई।

तहव्वुर राणा के साल 2008 के मुंबई हमलन के दोषी आतंकी डेविड कोलमैन के करीबी मानल जाला। तहव्वुर राणा मुंबई हमला के प्रमुख साजिशकर्तन में सामिल बाड़ें। तहव्वुर राणा पs लश्कर ए तैयबा आ पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआईय के संगे मिले काम करे के आरोप बा।

Read Also: World Happiness Report: फिनलैंड दुनिया के सबसे खुसहाल देस, भारत के रैंकिंग में भइल सुधार पs पाकिस्तान से पीछे

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।