टीम इंडिया टी20 वर्ल्ड से बाहर हो चुकल बा। इंग्लैंड के खिलाफ सेमीफाइनल में भारत के 10 विकेट से हार के सामना करे के पड़ल। अब भारतीय टीम न्यूजीलैंड के दौरा पर जाई। हालांकि, एह दौरा खातिर भारत के सीनियर खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल बा। एमे नियमित कप्तान रोहित शर्मा अउर विराट कोहली जइसन दिग्गज खिलाड़ी शामिल बानें। न्यूजीलैंड दौरा पर हार्दिक पांड्या टी20 सीरीज में अउर शिखर धवन वनडे सीरीज में कप्तान होइहें।
टी20 वर्ल्ड कप से बाहर होखले के बाद विराट एडिलेड से भारत खातिर रवाना हो चुकल बानें। एह दौरान ऊ टीम इंडिया के ले के सोशल मीडिया पर एगो भावुक पोस्ट लिखनें। ऊ लिखलें- हम सपना के हासिल कइले से कुछ कदम दूर रह गइल अउर अब दिल में निराशा ले के ऑस्ट्रेलिया से लौट रहल बा। हालांकि, टूर्नामेंट के दौरान टीम के रूप में कई अइसन पल भी रहल जौन हमेशा याद रही अउर इहां से खुद के अउर बेहतर करे के कोशिश करी।
कोहली सथवे फैन्स के भी धन्यवाद कहलें। ऊ लिखलें- सब फैन्स के धन्यवाद कि ऊ काफी बड़ तादाद में स्टेडियम पहुंचल अउर हमनीके जम के समर्थन कइनीं। ऊ पूरा टूर्नामेंट में हमनीके साथ दिहलें। भारतीय टीम के जर्सी पहिनल अउर देश के प्रतिनिधित्व कइल हमेशा से गरब के पल होला।
Post Views: 2