Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T20 WC: इंग्लैंड पाकिस्तान से 30 साल पुरान हिसाब बराबर कइलस, दूसरा बेर बनल टी20 चैंपियन, वनडे के पहिलही से चैंपियन बा इंग्लैंड 

Pakistan vs England T20 World Cup Final: इंग्लैंड के कप्तान जोस बटलर टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फसीला लेलें। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत पाकिस्तान 20 ओवर में आठ विकेट गंवाके 137 रन बनवलस। इंग्लैंड 19वां ओवर में पांच विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल क लेलस।

972

इंग्लैंड पाकिस्तान से 1992 वर्ल्ड कप के बदला ले लेले बा। 1992 वनडे वर्ल्ड कप के फाइनल में पाकिस्तान एही मेलबर्न क्रिकेट ग्राउंड प इंग्लैंड के शिकस्त देले रहे। अब 30 साल बाद इंग्लैंड पाकिस्तान के मेलबर्न में हराके बदला ले लेले बा। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत पाकिस्तान 20 ओवर में आठ विकेट गंवाके 137 रन बनवलस।

फ्लॉप रहल पाकिस्तान के बैटिंग

पाकिस्तान के बल्लेबाजी फ्लॉप रहल। छव बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा तक ना छू सकल लो। शान मसूद ने सबसे जादे 38 रन बनवले। ओहिजा, कप्तान बाबर 32 रन के पारी खेललें। इंग्लैंड के ओर से सैम करन सबसे जादे तीन विकेट लेलें। जवाब में इंग्लैंड 19 ओवर में पांच विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल क लेलस। बेन स्टोक्स 49 गेना में 52 रन बनाके नाबाद रहलें। ई टी20 अंतरराष्ट्रीय में उनकर पहिला अर्धशतक रहल।

दूसरका बेर चैंपियन बनल इंग्लैंड

इंग्लैंड के टीम टी20 में दूसरा बेर चैंपियन बनल। एकरा पहिले टीम 2010 में टी20 चैंपियन बनल रहे। तब इंग्लिश टीम के कप्तान पॉल कॉलिंगवुड रहस। ई ओवरऑल इंग्लैंड के तीसरा विश्व कप खिताब ह। 2019 में इंग्लैंड के टीम वनडे चैंपियनो बनल रहे। ओहिजा, पाकिस्तान के ई तीसरा फाइनल रहे। 2007 में पहिला टी20 विश्व कप में पाकिस्तान के भारत के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल रहे। ओहिजा, 2009 में टीम टी20 चैंपियन बनल रहे। अब 2022 में पाकिस्तान के टीम के एकबेर फेर फाइनल में हार के सामना करे के पड़ रहल बा।

रिजवान आ हारिस फ्लॉप रहल लो

पाकिस्तान के सुरुआत खराब रहल आ 29 प टीम के पहिला झटका लागल। मोहम्मद रिजवान के सैम करन बोल्ड कइलें। एकरा बाद मोहम्मद हारिस कुछ खास ना कर सकलें। हारिस 12 गेना में आठ रन बनाके आउट भइलें। बाबर आजम तीसरा विकेट खातिर शान मसूद के संगे 39 रन के साझेदारी निभवलें। बाबर 28 गेना में 32 रन बनाके आउट भइलें। एह दुनु खेलाडियन के आदिल रशीद पवेलियन भेजलें। एकरा बाद इफ्तिखार अहमद छव गेना खेललें आ बिना खाता खोललें पवेलियन लवट गइलें।

शादाब आ शान मसूद के निम्मन बल्लेबाजी

शादाब खान शान मसूद के संगे पांचवां विकेट खातिर 36 रन के साझेदारी निभवलें। मसूद 28 गेना में दु चौका आ एगो छक्का के मदद से 38 रन बनाके आउट भइलें। ओहिजा, शादाब 14 गेना में 20 रन बनाके आउट भइलें। मोहम्मद नवाज पांच रन आ मोहम्मद वसीम जूनियर चार रन बनाके आउट भइलें। शाहीन अफरीदी पांच रन आ हारिस रऊफ एक रन बनाके नाबाद रहल लो। इंग्लैंड के ओर से सैम करन सबसे बेसो तीन विकेट लेलें। ओहिजा, आदिल रशीद आ क्रिस जॉर्डन के दु-दु विकेट मिलल। स्टोक्स के एगो विकेट मिलल।

इंग्लैंड के सुरुआत खराब रहल

138 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल इंग्लैंड के टीम के सुरुआत खराब रहल। पहिलही ओवर में शाहीन अफरीदी इंग्लिश टीम के पहिला झटका देलें। ऊ एलेक्स हेल्स के क्लीन बोल्ड कइलें। हेल्स एक रन बना सकलें। एकरा बाद जोस बटलर फिलिप सॉल्ट के संगे मिलके दूसरका विकेट खातिर 25 रन के साझेदारी निभवलें। हारिस रऊफ एह साझेदारी के तुड़लें। ऊ सॉल्ट के इफ्तिखार अहमद के हाथन कैच करवलें। सॉल्ट नव गेना में 10 रन बना सकलें।

पाकिस्तान के गेंदबाज बनावल लो दबाव

एकरा बाद नसीम शाह जोस बटलर के आउट स्विंग से परेसान कइलें। एकर फायदा हारिस रऊफ के मिलल। रऊफ आउट स्विंग प बटलर के विकेटकीपर रिजवान के हाथों कैच करवले। बटलर 17 गेना में 26 रन के पारी खेललें। अपना पारी में ऊ तीन चौका आ एगो छक्का लगवलें। एकरा बाद पाकिस्तान के गेंदबाज मैच में दबाव बनावल लो आ इंग्लैंड के बल्लेबाजन के आसानी से रन ना दिहल लो। स्टोक्स ब्रुक के संगे मिलके 39 रन के साझेदारी निभवलें।

ब्रुक के आउट होखला प दबाव में रहे इंग्लैंड

ब्रुक 13वां ओवर में आउट भइलें। शादाब उनका के आउट कइलें। ब्रुक 23 गेना में 20 रन बना सकलें। एकरा बाद बेन स्टोक्स आ मोईन अली इंग्लिश टीम के मुश्किल इस्थिति से निकालल लो। दुनो खेलाड़ी 35 गेना में 48 रन के साझेदारी निभावल लो आ इंग्लैंड के जीत के दहलीज तक पहुंचावल लो। 16वां ओवर में शाहीन गेंदबाजी खातिर अइलें, बाकिर एक गेना फेंकला के बाद ऊ ओह ओवर ले जारी ना रख सकलें। उनका गोड़ में दिक्कत दिखल। हाले  में ऊ चोट के वजह से एशिया कप से बाहर रहस। अइसन में दुबारा उje चोट सामने आइल। शाहीन डग आउट में वापस लवट गइलें। तब उनकर दु ओवर बचल रहे।

16वां ओवर से पलटल मैच

अइसन में कप्तान बाबर इफ्तिखार के गेना थमवलें। स्टोक्स 16वां ओवर के आखिरी दु गेना प एगो छक्का आ एगो चौका लगवलें आ मैच के रुख पलट देलें। एकरा बाद 17वां ओवर में मोईन तीन गो चौका जड़लें। इहां से पाकिस्तान के टीम जीत के रेस से बाहर हो गइल। 19वां ओवर में मोईन आउट भइलें।

स्टोक्स अर्धशतक लगाके जीत दिलवलें

मोईन 13 गेना में 19 रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद स्टोक्स लियाम लिविंगस्टोन के संगे मिलके टीम के चैंपियन बनवलें। स्टोक्स 52 रन के अपना पारी में पांच चौका आ एगो छक्का लगवलें। पाकिस्तान के ओर से हारिस रऊफ सबसे जादे दु विकेट लेलें। ओहिजा, शाहीन अफरीदी, शादाब खान आ वसीम जूनियर के एक-एक विकेट मिलल।

साभार: अमर उजाला

378690cookie-checkT20 WC: इंग्लैंड पाकिस्तान से 30 साल पुरान हिसाब बराबर कइलस, दूसरा बेर बनल टी20 चैंपियन, वनडे के पहिलही से चैंपियन बा इंग्लैंड 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.