सुरू भइल T20 वर्ल्ड कप 2024 के रोमांच, वॉर्म-अप मैचन के पहिलका दिने इs टीम मरलस बाजी

Share

 

टी-20 विश्व कप 2024 के मुख्य इवेंट 1 जून से शुरू होई। साथही टी-20 विश्व कप के वार्म अप मैच शुरू हो गइल बा. बता दीं कि अमेरिका, त्रिनिदाद आ टोबैगो में 27 मई से 1 जून ले वार्म अप मैच खेले के बा. विश्व कप से पहिले कुल 16 गो वार्मअप मैच होखी. वार्मअप मैच के पहिला दिन कुल 3 गो मैच खेलल गइल। एह मैचन में कनाडा, ओमान आ पापुआ न्यू गिनी के टीम जीतल बाड़ी सँ.

वार्मअप मैच शुरू हो गइल 

टी-20 विश्व कप के वार्मअप मैच के पहिला दिन कनाडा के मुकाबला नेपाल से भइल. ई मैच टेक्सास के ग्रांड प्रेयरी क्रिकेट स्टेडियम में खेलल गइल। ओमान आ पापुआ न्यू गिनी के मैच त्रिनिदाद आ टोबैगो के ब्रायन लारा क्रिकेट अकादमी में भइल. साथही दिन के तिसरका मैच नामीबिया आ युगांडा के टीमन के बीच ब्रायन लारा क्रिकेट अकादमी में भइल. नेपाल के खिलाफ खेलल गइल मैच में एकतरफा फैशन में कनाडा 63 रन से जीत हासिल कइलस. दोसरा तरफ ओमान पापुआ न्यू गिनी के 3 विकेट से हरा दिहलस. एह सब के अलावा युगांडा के नामीबिया के खिलाफ 5 विकेट से हार के सामना करे के पड़ल।

पहिला दिन के वार्मअप मैच के नतीजा 

कनाडा बनाम नेपाल 

कनाडा – 183/7

नेपाल – 120/10

ओमान बनाम पापुआ न्यू गिनी

पापुआ न्यू गिनी – 137/9

ओमान – 141/7

नामीबिया बनाम युगांडा

युगांडा – 134/8

नामीबिया – 135/5

वॉर्म-अप मैचन के दूसरका दिन के शेड्यूल 

श्रीलंका बनाम नीदरलैंड, ब्रोवार्ड काउंटी स्टेडियम, ब्रोवार्ड काउंटी, फ्लोरिडा

बांग्लादेश बनाम यूएसए, ग्रैंड प्रेयरी क्रिकेट स्टेडियम, ग्रैंड प्रेयरी, टेक्सास

ऑस्ट्रेलिया बनाम नामीबिया, क्वींस पार्क ओवल, त्रिनिदाद और टोबैगो

टीम इंडिया एक जून के खेली

आखिरी वार्मअप मैच टीम इंडिया आ बांग्लादेश के बीच खेलल जाई. ई मैच एक जून के होखी. न्यूयार्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में दुनु टीम के मुकाबला होखी. ध्यान रहे कि 16 गो वार्म अप मैच के दौरान प्रशंसक के एंट्री सिर्फ 2 मैच में मिली। बढ़िया बात ई बा कि नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में होखे वाला भारत आ बांग्लादेश के मैच प्रशंसकन खातिर खुलल रही.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-