[the_ad_group id="30365"]

ENG vs PAK 3rd T20I Live Streaming: ना खर्च होई एको रुपिया! भारत में एह तरे फ्री में देखीं इंग्लैंड-पाकिस्तान के लाइव मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ENG vs PAK 3rd T20I Live: इंग्लैंड आ पाकिस्तान (ENG vs PAK) के बीच चार मैचन के टी20I सीरीज के तीसरा मैच 28 मई के सोफिया गार्डन कार्डिफ में खेलल जाई। सीरीज के पहिला मुकाबला बारिश के चलते रद्द भइल रहे। दूसरका मैच में इंग्लैंड पाकिस्तान के 23 रन से धूल चटवले रहे। अब तीसरका टी20 मैच में पाकिस्तान के टीम दमदार वापसी कइल चाहीं।

टी20 विश्व कप से पहिले पाकिस्तान टीम के प्रदर्शन निराशाजनक रहल। पाकिस्तान टीम के टी20 अंतरराष्ट्रीय सीरीज के दूसरका मैच में इंग्लैंड से हार के सामना करे के पड़ल। इंग्लैंड चार मैचन के टी20 सीरीज के दूसरका मैच में मेहमान टीम के 23 रन से धूल चटवलस आ सीरीज में 1-0 की बढ़त बनवलस।

अब पाकिस्तान के टीम के सामना इंग्लैंड से तीसरका टी20 में होई, जवन कि 28 मई के खेलल जाई। एह मुकाबला से पहिले आइल जानल जाव कब, कहां आ कइसे भारत में इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के मैच फ्री में देखल जा सकत बा।

कब खेलल जाई ENG vs PAK के तीसरका टी20I मैच?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के तीसरा टी20I मैच 28 मई यानी मंगर के खेलल जाई।

कहां खेलल जाई ENG vs PAK 3rd T20I?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के तीसरा टी20I मैच 28 मई के सोफिया गार्डन, कार्डिफ में खेलल जाई।

कतना बजे से खेलल जाई ENG vs PAK 3rd T20I मैच?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान का तीसरा टी20I मैच भारतीय समयानुसार रात के 11 बजे से खेला जाना है।

जानीं ENG vs PAK T20I के पूरा शेड्यूल?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के बीच चार मैचन के टी20I सीरीज बा, जवना के पहिला मैच 22 मई के बारिश से प्रभावित रहल। दूसरका मैच में पाकिस्तान के 23 रन से हार मिलल। तीसरा मैच- 28 मई आ चौथा मैच- 30 मई के खेलल जाई।

कवना चैनल पs देख सकत बानीं ENG vs PAK 3rd T20I के लाइव टेलीकास्ट?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के तीसरका टी20I मैच के लाइव टेलीकास्ट भारत में रउआ ना देख पाइब।

कइसे देख सकत बानीं ENG vs PAK 3rd T20I के लाइव स्ट्रीमिंग?

इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के तीसरका टी20I मैच के लाइव स्ट्रीमिंग फैंस फैनकोड ऐप पर देखल जा सकत बा।

ENG vs PAK T20I: दूसरका टी20 मैच में इंग्लैंड के मिलल जीत

इंग्लैंड टीम दूसरका टी20 मैच में पहिले बैटिंग करत घरी जोस बटलर के शानदार अर्धशतकीय पारी के दम पs 183 रन के स्कोर बनवले रहे। एकरा जवाब में पाकिस्तान के टीम पूरा 19.2 ओवर में 160 रन पs सिमट गइल। पाकिस्तान के बैटर्स कुछ खास कमाल ना कर सकले। मोहम्मद रिजवान आ अयूब चार ओवर के भीतरे पवेलियन लवट गइले। बाबर आजम के बल्ला से 32 रन के पारी निकलल। उनका अलावा फखर जमान 45 रन बनवले आ मुश्किल समय में टीम के पारी के समहारे के काम कइले।

ENG vs PAK 3rd T20I: इंग्लैंड आ पाकिस्तान के स्क्वाड

इंग्लैंड- जोस बटलर (कप्तान), मोईन अली, जोफ्रा आर्चर, जॉनी बेयरस्टो, हैरी ब्रूक, सैम करन, बेन डकेट, टॉम हार्टली, विल जैक्स, क्रिस जोर्डन, लियाम लिविंगस्टन, आदिल राशिद, फिल साल्ट (विकेटकीपर), रीस टोप्ली आ मार्क वुड

पाकिस्तान- बाबर आजम (कप्तान), मोहम्मद रिजवान(विकेटकीपर), साइम अयूब, फखर जमान, इरफान खान, इफ्तिखार अहमद, उस्मान खान (विकेटकीपर), आजम खान (विकेटकीपर), शादाब खान, इमाद वासिम, शाहीन शाह अफरीदी, मोहम्मद आमिर, नसीम शाह, हारिस राउफ, अब्बास अफरीदी, अबरार अहमद, हसन अली, सलमान अली अगा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]