ICC मेजर लीग क्रिकेट के लिस्ट-A के दर्जा देलस: 6 से बढ़के 10 टीम होई, दूसरका सीजन 5 जुलाई से खेलल जाई 

By Anurag Ranjan

Published on: May 28, 2024

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) अमेरिका के मेजर लीग क्रिकेट (MLC) के लिस्ट-A के दर्जा दे दिहल गइल बा। ई कवनो एसोसिएट देस के आधिकारिक तौर पs लिस्ट-A के दर्जा पावे वाला दूसरका टी-20 लीग बन

Share

इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) अमेरिका के मेजर लीग क्रिकेट (MLC) के लिस्ट-A के दर्जा दे दिहल गइल बा। ई कवनो एसोसिएट देस के आधिकारिक तौर पs लिस्ट-A के दर्जा पावे वाला दूसरका टी-20 लीग बन गइल बा। एसोसिएट माने जवना देस के ICC टेस्ट क्रिकेट खेले के दर्जा नइखे देलें।

MLC के लिस्ट-A के दर्जा मिलला के बाद एकरा के अब एगो आधिकारिक टी-20 लीग के रूप में मान्यता दिहल जाई। एह टूर्नामेंट के सब आंकड़न के अब आधिकारिक दर्जा दिहल जाई। लीग के दूसरा सीजन एह साल टी-20 वर्ल्ड कप के बाद पांच जुलाई से खेलल जाई।

टूर्नामेंट के डायरेक्टर जस्टिन गिले क्रिकइंफो के बतवलें, ‘हमनी के एह खबर से वास्तव में उत्साहित बानी सs काहेकि ई टूर्नामेंट में हिस्सा लेवे वाला खिलाड़ियन खातिर सानदार होई।’

लीग में बढ़ी टीम संख्या

द गार्जियन के रिपोर्ट के अनुसार, MCL के मवजूदा छह टीमन के आवे वाला कुछ साल में बढ़ाके 10 करे के योजना बा। ओहिजा, लीग के पहिला सीजन में 19 मैचन खेलल गइल रहे, जवन बाद में 34 हो जाई। दूसरका सीजन 25 मैचन के खेलल जाई।

MI न्यूयार्क पहिला सीजन के चैंपियन

पहिला सीजन 13 से 31 जुलाई 2023 तक खेलल गइल रहे। पहिला सीजन में 15 ग्रुप-स्टेज आ चार प्लेऑफ मैच भइल। निकोलस पूरन के कप्तानी में MI न्यूयॉर्क पहिला सीजन के चैंपियन बनल।

डालास के ग्रैंड पीयर स्टेडियम में टॉस हारके पहिले बैटिंग करे उतरल ओरकास टीम 20 ओवर में नौ विकेट पs 183 रन बनवलें। जवाब में MI कप्तान पूरन के विस्फोटक पारी के दम पs मात्र 16 ओवर में मुकाबला जीत लेलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.