छपरा के बाद अब सीवान में जहरीली शराब के कहर, 6 के मौत

Anurag Ranjan

पटना। बिहार में जहरीली शराब से मौत के ममिला लगातार सामने आ रहल बा। एक ओरि जहां छपरा में जहरीली शराब पी के मरे वालन के संख्या 54 के पार हो चुकल बा, ओहिज आज भोरे- भोरे सिवान आ बेगूसराय से संदिग्ध परिस्थति में मौत के ममिला सामने आइल बा। सिवान में पांच जबकि बेगूसराय में एक लोग के मौत हो गइला के सूचना बा। दुनो जगहन पर जहां पुलिस मौत के कारण बेमारी बता रहल बिया, ओहिजा परिजनन के दावा बा कि मौत शराब पीयला के कारण भइल बा।

सीवान में पांच के मौत 

जानकारी के मोताबिक सिवान में जहरीली शराब से एगो चौकीदार समेत पांच लोगन के मौत हो गइल बा। मरे वाला सब लोग सिवान के भगवानपुर थाना क्षेत्र इस्थित ब्रह्मस्थान गांव के हs। मरे वालन में से एगो व्यक्ति कके अंतिम संस्कारो हो चुकल बा। मृतकन के पहचान ब्रह्मस्थान गांव के वार्ड 14 निवासी बलिराम यादव के पुत्र शंभू यादव, चौकीदार अवध मांझी, फुलेना मांझी के पुत्र अमीर मांझी, स्व. धुरी राय के पुत्र महेश राय आ रामायोध्या पंडित के पुत्र राजिंदर पंडित के रूप में भइल बा। जवना इलाका में ई घटना भइल बा उहां के बॉर्डर छपरा के मशरक से सटल बा। पुलिस प्रशासन अभी एह मौत के कारणन के पुष्टि नइखे कर रहल, बाकिर परिजनन के कहनाम बा कि एह लोगन के मौत जहरीली शराब पीये से भइल बा। मृतक शंभू यादव के भाई सुजीत कुमार बतवलें कि गांवे में शराब बेचल जाला। बुध के सांझी खा भाई शराब पियले रहे। बियफे दिन तक सब ठीक रहे। रात में खाना खाके सुत गइला के बाद ई घटना हो गइल बा।

बेगूसराय में एक के मौत 

एने बेगूसरायो में दु लोगन के बेमार आ एक के संदिग्ध हालात में मौत के खबर आ रहल बा। बेगूसराय जिला के तेघरा थाना में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल, जबकि दूसरका के ईलाज चल रहल बा। पुलिस प्रशासन मौत का कारण बेमारी बतवले बिया, बाकिर, परिजनन के दावा बा कि मौत जहरीली शराब पियला से भइल बा। दुनो लोग शराब पियले रहे आ शराब पियला के बादे बेमार भइल लोग। एह पूरा ममिला के जांच जिला प्रशासन कर रहल बा।

छपरा में बढ़ रहल बा आंकड़ा

दूसरा ओर सारण जिला में हर घंटा जहरीली शराब से मौत के आंकड़ा एक-एक कs के बढ़त जा रहल बा। जहरीली शराब पियला से अब तक मौतन के आंकड़ा 54 के पार कर गइल बा। कइयन लोगन के इलाज छपरा आ पटना के पीएमसीएच में चल रहल बा, जबकि कइयन लोगन के आंखिन के रोशनी चली गइल। ओहिजा, शराब कांड में प्रशासन कार्रवाई करत SDPO के ट्रांसफर, थानाध्यक्ष आ कांस्टेबल के सस्पेंड कs देले बा। जांच खातिर SIT बनावल गइल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।