[the_ad_group id="30365"]

बस्ती में दर्दनाक सड़क हादसा, नीलगाय से भिड़ल कार, तीन लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में दर्दनाक हादसा भइल बा। हादसा में तीन लोग के मौत हो गइल। मौका पर पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में लिहले रहनें। अभिन ले मृतकन के शिनाख्त नाइ भइल बा।

जानकारी के अनुसार, बस्ती जिला में हाईवे के गड़हा गौतम के लग्गे बस्ती-अयोध्या लेन पर दर्दनाक सड़क हादसा भइल। देर रात एक बजे नीलगाय से टकरा के कार बेकाबू हो के पेड़ टकरइले के बाद पलट गइल।

घटना में कार के ड्राइवर समेत तीन लोग के दर्दनाक मौत हो गइल। कार में चार लोग सवार रहनें। अभिन ले मृतकन के पहचान नाइ हो पवले बा। सूचना पर पहुंचल पुलिस लाश के कब्जा में ले लिहलस। मृतकन के पहचान करावे के कोशिश कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]