कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष के चुनाव में मल्लिकार्जुन खड़गे के उम्मीदवार बनले के बाद से सियासत तेज हो गइल बा। भारतीय जनता पार्टी के कई नेता जहां एह चुनाव के स्क्रिप्टेड बता रहल बानें त उहवें बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री अउर भाजपा के वरिष्ठ नेता सुशील मोदी भी गांधी परिवार के आड़े हाथों लिहले बानें।
समाचार एजेंसी एएनआई से बात करत सुशील मोदी कहलें कि जे भी कांग्रेस के अध्यक्ष बनी ऊ गांधी परिवार के कठपुतली ही होई। रिमोट त राहुल अउरी सोनिया गांधी के पास ही रही। सब निर्णय त गांधी परिवार लेई। अध्यक्ष त बस नाम के रहिहें।
Post Views: 14