छपरा के रस्ता सहरसा से नई-दिल्ली तक चली ग्रीष्मकालीन स्पेशल : यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय

Share

छपरा। रेलवे प्रशासन गरमी में यात्रियन के हो रहल अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत यात्रियन के सुविधा खातिर 04037 सहरसा-नई दिल्ली वाया छपरा, सीवान ग्रीष्मकालीन अनारक्षित विशेष गाड़ी के संचलन सहरसा से 22 अप्रिल, 2024 के एकल यात्रा खातिर एह तरे कइल जा रहल बा।

ई ट्रेन छपरा से सिवान गोरखपुर के रास्ते नई दिल्ली तक जाई। एह ट्रेन के संचालन वन साइड ट्रेवलिंग ट्रेन के रूप में कइल जा रहल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें बाड़ें।

देखीं ट्रेन के रूट

ट्रेन संख्या 04037 सहरसा-नई दिल्ली ग्रीष्मकालीन अनारक्षित विशेष गाड़ी 22 अप्रिल, 2024 के सहरसा से 07:00 बजे प्रस्थान कs के मानसी से 07:58 बजे, खगड़िया से 08:07 बजे, बेगूसराय से 08:36 बजे, बरौनी से 09:10 बजे, दलसिंहसराय से 09:47 बजे, समस्तीपुर से 10:14 बजे, मुजफ्फरपुर से 11:10 बजे, हाजीपुर से 12:10 बजे, सोनपुर से 12:20 बजे, छपरा से 14:05 बजे, सीवान से 15:00 बजे, देवरिया सदर से 15:58 बजे, गोरखपुर से 17:05 बजे, खलीलाबाद से 17:46 बजे, बस्ती से 18:11 बजे, गोण्डा से 19:40 बजे, बाराबंकी से 21:17 बजे, ऐशबाग से 22:25 बजे।

दूसरका दिन कानपुर सेन्ट्रल से 00:15 बजे, इटावा से 01:42 बजे, टुण्डला से 02:52 बजे, अलीगढ़ से 04:07 बजे आ गाजियाबाद से 06:02 बजे छूटके नई दिल्ली 07:00 बजे पहुंचेगी। एह गाड़ी में सब कोच अनारक्षित श्रेणी के लगावल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-