6 महीना में दूसरा बेर बढ़ल सुधा दूध के दाम: 3 से 4 रुपए प्रति लीटर जादे देवे के होई; 24 अप्रिल से लागू होई नया दर

Share

सुधा दूध के दाम में प्रति लीटर 3 से 4 रुपिया तक के बढ़न्ती भइल बा। फूल क्रीम दूध गोल्ड के कीमत प्रति लीटर 59 से बढ़ाके 62 रुपिया कs दिहल गइल बा।  सुधा शक्ति प्रति लीटर 51 से बढ़ के 54 रुपिया आ गाय के दूध के कीमत 48 से बढ़ के 52 रुपिया हो गइल बा।

आधा लीटर घी के कीमत 295 से बढ़के 315 रुपिया हो गइल। 200 ग्राम पनीर 75 से बढ़ के 85 आ 100 ग्राम बटर 48 से बढ़के अब 56 रुपिया के हो गइल बा।

कीमतन में ई बढ़न्ती 24 अप्रिल से लागू होई। एह संबंध में बिहार स्टेट मिल्क को ऑपरेटिव फेडरेशन (कॉम्फेड) सुक के आदेस जारी कइलस।

फिलहाल दही, लस्सी, पेड़ा आ आउर मिठाई उत्पाद के दाम में बढ़न्ती नइखे भइल। बाकिर मानल जा रहल बा कि आवे वाला दिनन में एहू सब के दाम बढ़ी। पिछला दिनन उच्चस्तरीय बैठक में दाम में बढ़न्ती के प्रस्ताव ले आवल गइल रहे।

एह कारण बढ़ावल गइल दाम

पशु चारा के कीमत में बढ़न्ती के कारण दूध के दाम बढ़ रहल बा। दूध उत्पाादक कीमत बढ़ावे के मांग करत रहे लो। अधिकारियन के अनुसार दूध के दाम में बढ़ोन्ती के संगही दूध उत्पाादक किसानन के प्रति लीटर दूध के कीमत अधिका मिली। पिछला दु साल में लगभग 10 रुपिया प्रति लीटर दूध के कीमत में बढ़न्ती हो चुकल बा।

6 महीना में दूसका बेर बढ़ल दाम

सुधा दूध के कीमत बढ़ला से एक बेर फेर से बिहारवासियन के महंगाई के सामना करे के पड़ी। बिहार में दूध आ दूध के प्रोडक्ट में सबसे जादे बिक्री सुधा डेयरी के बा। करीब 6 महीना पहिलही 11 अक्टूबर 2022 के दूध के कीमतन में बढ़न्ती कइल गइल रहे। 6 महीना के बाद एक बेर फेर सुधा दूध के दामन में 3 से 4 रुपिया के बढ़न्ती कइल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-