Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह फल के स्वाद पs मत जाईं, गरमी में खूब खाईं आ आपन अतिरिक्त वजन कम करीं

512

वजन घटावे खातिर खरबूजा : गरमी के मौसम के मतलब होला कैंटालूप आ तरबूज के मौसम। अयीसना में जदी हमनी के सिर्फ खरबूजा के बात कईल जाए त इ ना सिर्फ पेट के ठंडा करेला, बालुक वजन घटावे में भी मददगार होला।

वजन घटावे खातिर खरबूजा : खरबूजा गरमी के एगो अद्भुत फल ह। कुछ लोग एकरा के खूब खाइल पसंद करेला, लेकिन कुछ लोग एकरा स्वाद से भाग जाला। खरबूजा हाई फाइबर, विटामिन ए आ विटामिन सी से भरपूर फल ह। एकरा अलावे इ दिल के मरीज खातीर भी निमन बा काहेंकी एकरा में मैग्नीशियम आ पोटेशियम होला जवन कि खून के नली के स्वस्थ राखेला आ दिल के बेमारी से बचाव करेला। लेकिन, आपके इ जान के अजीब लाग सकता कि खरबूजा खईल वजन घटावे खातीर भी फायदेमंद होखेला। काहे आ कइसे, एह बारे में विस्तार से जानीं-

वजन घटावे खातिर खरबूजा खाए के फायदा

 1. खरबूजा एगो हाई फाइबर वाला फल

खरबूजा एगो हाई फाइबर वाला खाना ह जवन पाचन तंत्र के कामकाज के तेज करेला। इ असल में शरीर से पानी सोख लेवेला आ ओकरा बाद मेटाबोलिक रेट बढ़ावेला। जब आपके मेटाबोलिक रेट जादा होखेला त शरीर भी चर्बी के तेजी से कम होला। एकरा से वजन ना बढ़ेला आ वजन घटावे में मदद मिलेला।

 

2. वसा कम करे में मददगार 

खरबूजा में पोटेशियम के बढ़िया मात्रा होला जवन कि शरीर के चर्बी के कम करे खातीर जानल जाला। दरअसल, ए फल में पानी के मात्रा भी बढ़िया होला, जवना के चलते आपके पेट भरल महसूस होला आ भूख कम लागेला, जवन कि वजन नियंत्रण में मदद करेला।

 

3. खरबूजा में कैलोरी कम होला

खरबूजा में कैलोरी कम होला। एकरा अलावे इ मीठ होला आ चीनी के लालसा के कम करे में मदद क सकता। जबकि एकरा बदले कुछ अउरी मीठ चीज़ खाएब, तब आपके वजन अउरु लालसा भी बढ़ जाई। त, एहसे कम कैलोरी वाला खरबूजा खईला से वजन घटावे में मदद मिल सकता।

 

वजन घटावे खातिर आप कई तरह से खरबूजा खा सकतानी। सबसे पहिले त एकरा के ओसही खाए के चाही, खास तौर पs नाश्ता आ स्नैक के समय में। दूसरा, रउआ एकरा के सलाद आ स्मूदी के रूप में भी खा सकेनी। त, ए सभ कारण से खरबूजा खाईं आ तेजी से वजन कम करीं।

 

 

 

523260cookie-checkएह फल के स्वाद पs मत जाईं, गरमी में खूब खाईं आ आपन अतिरिक्त वजन कम करीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.