[the_ad_group id="30365"]

सफलता: यूजीसी नेट-जेआरएफ परीक्षा में जेआरएफ भइलें प्रद्युम्न कुमार उपाध्याय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रखंड क्षेत्र आ गांव मनिअर के निवासी प्रभुनाथ उपाध्याय के बेटा प्रद्युम्न कुमार उपाध्याय यूजीसी नेट 2022 द्वारा आयोजित नेट जेआरएफ परीक्षा में संगीत अउर गायन विषय से जेआरएफ भइलें।

चयनित छात्र प्रद्युम्न उपाध्याय बतवलें कि जेआरएफ परीक्षा में संगीत विषय से चुनल गइल बानें। ऊ बतवलें कि हाई स्कूल अउर इंटरमीडिएट मनियर से पास कइले के बाद स्नातक टाउन डिग्री कॉलेज बलिया अउर स्नाकोत्तर के डिग्री हासिल करे खातिर काशी विद्यापीठ में रह के पढ़ाई कइलें।

प्रद्युम्न पहिले प्रयास में नेट अउर दूसरे प्रयास में जेआरएफ परीक्षा में समान्य श्रेणी से सफलता प्राप्त कइलें। बतावल जाsता कि ऊ बचपन से ही मेधावी छात्र रहल बानें। उनके सफलता से गांव ही नाइ प्रखंड क्षेत्र में खुशी के माहौल बा।

प्रद्युम्न कुछ दिन ले मऊ में सनबिम स्कूल में पढवलें अउर वर्तमान में जननायक विश्वविद्यालय बलिया में सहायक अध्यापक के पद पर सेवा दे रहल बानें। उनका उपलब्धि पर प्रखंड क्षेत्र के लोग खुशी जाहिर करत बधाई देहले बानें लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]