खबर भोजपुरी|स्पोर्ट्स डेस्क: राजा मंत्री चोर सिपाही के जिकिर आवते स्कूल के खाली पीरियडन के उ यादगार पल इयाद आवत बा, जेमे हमनी के तरे-तरे के खेलन के आनंद लेत रहनी जा। ओमे, राजा- मंत्री चोर-सिपाही के खेल सबसे बेसी होखे। एगो पन्ना पs बने चार गो पर्ची आ दोसरका पन्ना प लिखाव चारो खेले आला लोगन के नाव। खेला सुरु होखते, जुटे देखे आ हौसला बढ़ावे आला दोस्तन के टीम। चस्का अइसन कि मौका मिलते खेल सुरु। आज के मोबाइल जुग में तरे-तरे के आधुनिक खेलन के आ गइला से भलहीं एह तरे के खेलन के उपयोगिता आज कम लउकेला बाकिर एकर मजा जे एक बेर आजो उठा ली ऊ बेर-बेर एह खेल के खेली।

राजा,मंत्री, चोर आ सिपाही के खेल खेले खातिर नियम
चोर, सिपाही, राजा आ मंत्री के खेल चार लोगन के बीच खेलल जाला। एमे चार गो कागज के छोट छोट पर्ची बनावल जाला। चारों पर्चियन प अलग अलग चोर, सिपाही, राजा आ मंत्री लिखल जाला। सबसे जादे 1000 अंक राजा के लगे होला। मंत्री के 800 जबकि सिपाही के लगे 500 अंक होला। ओहिजा चोर के मिलेला अंडा माने जीरो। एकरा बाद चारों पर्चियन के हवा में उछालल जाला आ सभे खेलाड़ी एकह गो पर्ची उठावेला लो। जेकरा हाथे जवन पर्ची लागेला ओकरा के ऊ अपना लगे राखेला। मंत्री के पर्ची जेकरा हाथ में होला ऊ आदेश देला कि सिपाही सिपाही चोर के पकड़s। अब सिपाही के पर्ची ले आवे आला के एह बात के तय करे के पडेला कि चोर के बा। सिपाही के राजा के चोर के बीच में केहू एक के अंदाजा लगाके बतावे के होला कि चोर के बा।

आसान नइखे चोर के आराम से पकड़ल
सिपाही के अंदाज जदि सही निकलल आ ऊ सही सही बता देलस कि चोर के बा तब त ठीक ना त जदि ऊ राजा के गलती से चोर बता देलस त फेर एह गलती खातिर ओकर पर्ची चोर से बदल दिहल जाला, माने ओकरा चोर के संगे आपन पर्ची बदले के पड़ेला। माने चोर जवना के जीरो मिलित ओकरा 500 मिल जाला आ सिपाही के जीरो मिलेला। खेल के मजेदार बनावे खातिर कइयन बेर चोर पर्ची देखला के बाद अइसन चेहरा बनावेला कि सिपाही के राजा आ चोर के अंतर पता कइल मुश्किल हो जाला कि असली चोर ह के।
एह तरे होला हार-जीत के निर्णय
पर्ची के उछाले के सिलसिला मवजूद समय के मोताबिक कम से कम 10 से 15 बेर आ अधिकतम 30 से 40 बेर ले चलेला। हर खेलाड़ी के नाम के खाना बनावल जाला। हर बार चोर के फसीला होखला के बाद चारो खेलाड़ियन के हाथ में आइल पर्ची के नंबर नाम के आगे लिखल जाला। जइसे जेकरा राजा के पर्ची मिलल ओकरा नाम के सोझा 1000 अंक आ एही तरे चोर, सिपाही आ मंत्री के अंक। आखिर में सब बेर के अंक जोड़ल जाला। जेकरा लगे सबसे बेसी अंक होला ओकरा के जीतल घोषित क दिहल जाला।
नोट: आज के डिजिटल जुग में गूगल प्ले स्टोर प कुछ ऐप प राजा, मंत्री, चोर आ सिपाही खेले खातिर मवजूद बा, बाकिर जवन मजा चारो खेलाडियन के एक दूसरा के सोझा बा ऊ ऑनलाइन खेले में कहां बा।
Post Views: 17