[the_ad_group id="30365"]

Wrestling Championship: टूर्नामेंट से बाहर भइले CWG गोल्ड मेडलिस्ट पहलवान रवि दहिया, नवीन कांस्य खातिर खेलिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेलग्रेड में खेलल जा रहल वर्ल्ड रेसलिंग चैंपियनशिप्स में सुक के भारत के बड़ झटका लागल। ओलंपिक सिल्वर मेडलिस्ट आ कॉमनवेल्थ गेम्स गोल्ड मेडलिस्ट पहलवान रवि दहिया 57 किलोग्राम वर्ग में प्री-क्वार्टर फाइनल में हारके टूर्नामेंट से बाहर हो गइलें। वर्ल्ड नंबर-2 दहिया के उज्बेकिस्तान के पहलवान गुलोमजोन अब्दुल्लाएव तकनीकी दक्षता के आधार प 10-0 से हरा देले।

रवि दहिया के बिना कवनो मेडले के वापस लवटे के पड़ीं, काहेकि उनका के हरावे वाला उज्बेक पहलवान के क्वार्टर फाइनल में अल्बेनिया के पहलवान जेलिमखान अबाकारोव हरा देले। एह वजह से रवि रेपचेज राउंड ना खेल पइहें। रवि क्वालिफिकेशन राउंड में रोमानिया के राजवान मारियन कोवाक्स के तकनीकी दक्षता के आधार प 10-0 से हरवले रहले। वर्ल्ड नंबर-2 दहिया वर्ल्ड नंबर-30 अब्दुल्लाएव से पहिलहु कइयन बेर हार चुकल बाड़ें।

ओहिजा, कॉमनवेल्थ गेम्स के गोल्ड मेडलिस्ट पहलवान नवीन ब्रॉन्ज मेडल मैच में किर्गिस्तान के अर्नाजार अकमातालिएव से भिड़ीहें। रेपचेज में नवीन के सामना कजाखस्तान के सिर्बाज तलगत से भइल। एह मैच के नवीन 11-3 से जीत लेले। एकरा बाद अगिला मैच में उज्बेकिस्तान के ल्यास बेकबुलातोव इंजरी के वजह से ना खेल सकले। अइसन में नवीन के वॉकओवर दिहल गइल आ ऊ ब्रॉन्ज मेडल मैच में पहुंच गइले।

एकरा पहिले महिला पहलवान विनेश फोगाट बेलग्रेड में चल रहल वर्ल्ड रेसलिंग चैंपियनशिप में कांस्य पदक अपना नामे कइली रहली। उनकर ई वर्ल्ड चैंपियनशिप में दूसरका पदक रहे। एकरा पहिले ऊ नूर सुल्तान वर्ल्ड चैंपियनशिप 2018 में कांस्य पदक जीतले रहली।  विनेश दु विश्व चैंपियनशिप पदक जीते वाली पहिला भारतीय महिला पहलवान बन गइल बाड़ी। ऊ 53 किग्रा फ्रीस्टाइल स्पर्धा में स्वीडन के जोना मालमग्रेन के 8-0 से हराके कांस्य पदक जीतल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]