गोरखपुर के 4 गो ट्रेनन के अछनेरा जंक्शन पs स्टापेज समाप्त: परखम- अछनेरा जं.- चिकसाना खंड में निर्माण काम होखला के चलते भइल डायवर्जन

khabar Bhojpuri Desk

उत्तर मध्य रेलवे क परखम- अछनेरा जं.- चिकसाना खंड में निर्माण काम होखला के चलत ट्रेनन के संचालन परिवर्तित मार्ग परखम-चिकसाना-परखम खंड के नवनिर्मित अछनेरा कार्ड लाइन के रस्ता कइल जाई। डायवर्जन के कारण गोरखपुर के कुछ ट्रेनन क अछनेरा जं. स्टेशन पs ठहराव समाप्त हो जाई । यात्रियन के सुविधा के देखत NE रेलव के बिल्हौर स्टेशन पs गोरखपुर- अहमदाबाद द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस के प्रायोगिक ठहराव दिहल गइल बा।

एह ट्रेनन के भइल रूट डायवर्जन

  • कामाख्या से 11 अप्रैल के चले वाली 19616 कामाख्या-उदयपुर सिटी एक्सप्रेस निर्धारित रस्ता मथुरा जं.-परखम-अछनेरा-चिकसाना-बांदीकुई के जगह पs परिवर्तित मार्ग मथुरा जं.-परखम- चिकसाना-बांदीकुई के रास्ता चलावल जाई।
  • उदयपुर सिटी से 15 अप्रैल के चले वाली 19615 उदयपुर सिटी-कामाख्या एक्सप्रेस निर्धारित रास्ता बांदीकुई- चिकसाना- अछनेरा- परखम- मथुरा जं. के जगह पs परिवर्तित मार्ग बांदीकुई- चिकसाना-परखम-मथुरा जं. के रास्ता चलावल जाई।
  • गोरखपुर से 15 अप्रैल के चले वाली 19410 गोरखपुर- अहमदाबाद एक्सप्रेस निर्धारित रस्ता मथुरा जं.- परखम- अछनेरा- चिकसाना- बांदीकुई के जगह परिवर्तित रास्ता मथुरा जं.- परखम- चिखसाना- बांदीकुई के रास्ता चलावल जाई।
  • अहमदाबाद से 11 अप्रैल के चले वाली 19409 अहमदाबाद-गोरखपुर एक्सप्रेस निर्धारित रस्ता बांदीकुई- चिकसाना- अछनेरा- परखम- मथुरा जं. के जगह पs परिवर्तित मार्ग बांदीकुई- चिकसाना- परखम- मथुरा जं. के रस्ता चलावल जाई।

एह ट्रेनन के मिली प्रायोगिक ठहराव

  • 19409 अहमदाबाद-गोरखपुर द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस 22 दिसंबर से अगिला आदेस तक बिल्हौर स्टेशन पs 7:16 बजे पहुंचकर 7:18 बजे छूटी।
  • 19410 गोरखपुर-अहमदाबाद द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस 18 दिसंबर से अगिला आदेस तक बिल्हौर स्टेशन पs 13.27 बजे पहुंचके 13.29 बजे छूटेगी।
Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।