[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में बढ़त जाड़ा, उत्तर भारत के कई गो इलाकन में गिरल तापमान, एह राज्यन में बरखा के संभावना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

आधा दिसम्बर बीतला के बाद आखिरकार जाड़ा के चलते राष्ट्रीय राजधानी में जाड़ा बढ़ गईल बा। एकरा संगे उत्तर भारत के बहुत हिस्सा में तापमान में भी गिरावट आईल बा। साँझ के ठंढा हवा भी चले लागल बा। जम्मू कश्मीर आ हिमाचल प्रदेश के कई गो पहाड़ी इलाका में बर्फबारी भइल बा आ पारा शून्य डिग्री सेल्सियस से नीचे गिर गइल बा। एकरा संगे कोहरा के असर भी देखाई देवे लागल बा। भारतीय मौसम विभाग (आईएमडी) के मुताबिक अगिला कुछ दिन में पारा में अवुरी गिरावट आ सकता।

आईएमडी के मुताबिक शुक के दिल्ली के न्यूनतम तापमान 4.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल, जबकि मसूरी के 6.2 डिग्री अवुरी शिमला के 6.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल। ई एह सीजन के सभसे कम न्यूनतम तापमान रहल। गिरत तापमान के बीच बहुत लोग रात के आश्रय स्थल में बितावत बाड़े। मौसम विभाग के मुताबिक शुक्रवार के दिन में उत्तर अवुरी उत्तर-पश्चिम दिशा से ठंडा हवा चलल। सबेरे कोहरा के चलते मौसम ठंडा रहे। हालांकि दुपहरिया में तेज धूप के चलते मामूली राहत मिलल। विभाग के मुताबिक शनिचर के मौसम में मामूली राहत हो सकता।

न्यूनतम तापमान में अउरी गिरावट आई

मौसम विभाग के कहनाम बा कि राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में 21 दिसंबर के न्यूनतम तापमान 5 डिग्री सेल्सियस तक जा सकता। हालांकि दिन में सूरज के रोशनी के चलते जाड़ा बढ़े के संभावना कम होखेला। एकरा साथे तमिलनाडु में 16 से 17 दिसंबर के बीच अलग-थलग जगहन पर, केरल आ माहे में 16 से 18 दिसंबर के बीच आ लक्षद्वीप में 17 से 18 दिसंबर के बीच हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा, साथ ही साथ अलग-थलग जगहन पs भी जगह-जगह गरज-बिजरी के भी संभावना बा। मौसम विभाग एह इलाका में रहे वाला लोग के सावधान रहे के सलाह देले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]