Weekly Wrap-Up: लगभग 0.5% के बढ़त के संगे बंद भइल भारतीय बाजार

Anurag Ranjan

बीतल सप्ताह भारतीय बाजार 0.5% के बढ़त के संगे बंद भइल। एक तरफ जहां Nifty 17,956 के आंकड़न पs बंद भइल तs ओहिजा Sensex 60,261 के आंकड़ा पs बंद भइल।

सोमार के वैश्विक स्तर पs पॉजिटिव ट्रेंड के कारण भारतीय बाजार लगभग 1.5% के बढ़त दर्ज कइले रहे। संगही Tech, IT, आ Power इंडस्ट्री अच्छा प्रदर्शन कइलस। मंगर के Sensex आ Nifty दुनो में भारी गिरावट देखे के मिलल। एकर सबसे जादे असर Telecom, Banking आ Financial Services के कम्पनियन पs पड़ल। जवना के बाद पूरा दिन बाजार बहुते धीमा गति से चलल।

बुधवार के बढ़त आ गिरावट के बीच बाजार फ्लैट बंद भइल। निवेशक दिसम्बर में जारी कइल गइल मंदी के आंकड़न के बाद काफी सावधान तs दिखल। तs ओहिजा बियफे के वीकली एक्सपायरी के दिन रहे आ भारतीय बाजार काफी वोलाटाइल रहे। दिन के अंत में बाजार में गिरावट देखे के मिलल।

सप्ताह के आखिरी दिन सुक के पिछला तीन सेशन में गिरावट देखला के बाद आखिरी दिन बाजार लगभग आधा प्रतिशत के बढ़त दर्ज कइलस। पहिला सेशन में बाजार बहुते बुरा प्रदर्शन कइलस। जवना के पीछे consumer price index (CPI) के आंकड़ा प्रमुख भूमिका में रहे। बता दीं कि दिसम्बर महीना में CPI 5.72% रहे जवन कि पिछला महीना में 5.88% रहल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।