[the_ad_group id="30365"]

बाजार में बड़ गिरावट, सेंसेक्स 700 अंक टूटल, निवेशक लोग के तीन लाख करोड़ रुपया स्वाहा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू शेयर बाजार में मंगर के फिर बड़ गिरावट देखे के मिलल। मंगर के कारोबारी सेशन में घरेलू सेंसेक्स में 700 से अधिक अंक के गिरावट देखे के मिलल। उहवें, दूसरे ओर, निफ्टी ट्रेडिंग सेशन के दौरान 17900 के नीचे फिसलत दिखल। मंगर के कारोबारी सेशन में भारतीय बाजार में महज ऑटो अउर फार्मा सेक्टर में ही हरिहर निशान पर कारोबार करत दिखनें। बाजार में वोलैटिलिटी इंडेक्स (VIX) 8% ले चढ़ गइल।

मंगर के भारतीय बाजार में बिकवाली के बड़ कारण एफआईआई के ओर से कइल गइल बिकवाली रहल। विदेशी संस्थागत निवेशकन के ओर से कइल गइल बिकवाली के कारण भारतीय बाजार सोमार के हासिल बढ़त फिर से गंवा दिहले बा। मंगर के कारोबारी सेशन के बाद दलाल स्ट्रील के निवेशकन के संपत्ति में करीब 3 लाख करोड़ रुपया के नुकसान भइल बा। बीएसई में लिस्टेड कंपनियन के मार्केट कैपिटलाइजेशन एह दौरान घट के 280 लाख करोड़ रह गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]