शेयर बाजार बनवलस ऑल टाइम हाई : सेंसेक्स 74,254 आ निफ्टी 22,529 के स्तर के छुअलस; मेटल आ IT शेयर्स में रहल तेजी

शेयर बाजार में लउकल उछाल

Share

वित्त बरिस 2024-25 के पहिलके दिन माने आज एक अप्रिल के शेयर बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवले बा। आज कारोबार के दौरान सेंसेक्स 74,254 आ निफ्टी 22,529 के स्तर के छुअलस। हालांकि, एकरा बाद मार्केट तनिका नीचे आइल आ सेंसेक्स 363 अंक के बढ़त के संगे 74,014 पs बंद भइल।

ओहिजा, निफ्टियो में 135 अंक के तेजी रहल, ई 22,462 के स्तर पs बंद भइल। सेंसेक्स के 30 शेयर में से 20 में तेजी आ 10 में गिरावट देखे के मिलल बा। आज मेटल आ IT शेयर्स में जादे तेजी रहल। JSW आ टाटा स्टील के शेयर में 4% से जादे के तेजी देखे के मिलल बा।

3 अप्रिल से ओपन होई भारती हेक्साकॉम लिमिटेड के IPO

भारतीय एयरटेल के सब्सिडियरी कंपनी भारती हेक्साकॉम लिमिटेड के इनिशियल पब्लिक ऑफरिंग माने IPO पब्लिक सब्सक्रिप्शन खातिर तीन अप्रिल से ओपन होई। रिटेल निवेशक एह IPO खातिर तीन अप्रिल से पांच प्रिल तक बोली लगा सकी लो। 12 अप्रिल के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs कंपनी के शेयर लिस्ट होई।

एह IPO खातिर रिटेल निवेशक के मिनिमम एगो लॉट माने 26 शेयर खातिर अप्लाय करे के होई। कंपनी IPO के प्राइज बैंड ₹542-₹570 प्रति शेयर तय कइल गइल बा। यदि रउआ IPO के अपर प्राइज बैंड ₹570 के हिसाब से एगो लॉट खातिर अप्लाय करत बानी तs रउआ ₹14,820 लगावे के होई। रिटेल निवेशक अधिकतम 13 लॉट माने 338 शेयर खातिर बिडिंग कs सकत बानी, जवना खातिर ₹192,660 इन्वेस्ट करे के होई।

28 मार्च के बाजार में रहे तेजी

एकरा पहिले 28 मार्च के शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 655 अंक के बढ़त के संगे 73,651 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 203 अंक के तेजी रहे, ई 22,326 के स्तर पs बंद भइल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-