Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में एनसीआर के तर्ज पे ‘राज्य राजधानी क्षेत्र’ बनावल जाई, इ जिला सीएम योगी के ए योजना से जुड़ी

 उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के आसपास एनसीआर के तर्ज पे एससीआर विकसित करे के योजना तैयार कईल गईल बा। एह योजना के तहत बहुत नया क्षेत्र के जोड़े के प्रस्ताव तैयार कईल गईल बा। विस्तृत कार्य योजना के आधार पे आगे के फैसला लिहल जाई।

501

यूपी में एनसीआर के तर्ज पे ‘राज्य राजधानी क्षेत्र’ बनावल जाई, इ जिला सीएम योगी के ए योजना से जुड़ी

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के आसपास एनसीआर के तर्ज पे एससीआर विकसित करे के योजना तैयार कईल गईल बा। एह योजना के तहत बहुत नया क्षेत्र के जोड़े के प्रस्ताव तैयार कईल गईल बा। विस्तृत कार्य योजना के आधार पे आगे के फैसला लिहल जाई।

राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र (एनसीआर) के तर्ज पे ‘उत्तर प्रदेश राज्य राजधानी क्षेत्र’ (एससीआर) के विकास होई। एहमें राजधानी लखनऊ के साथे उन्नाव, सीतापुर, रायबरेली, बाराबंकी, कानपुर नगर आ कानपुर देहात के शामिल कइल जाई| सीएम योगी आदित्यनाथ एकर विस्तृत कार्य योजना मंगले बाड़न| योगी तमाम शहरी विकास प्राधिकरण के अधिकारी के संगे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग कईले। उ कहले कि राजधानी लखनऊ में आज महानगर के रूप में अत्याधुनिक शहरी सुविधा से लैस कईल जाता। दोसरा शहर के लोग इहाँ आपन स्थायी निवास बनावल चाहतारे। एकरा चलते पड़ोसी जिला में भी जनसंख्या के दबाव बढ़ रहल बा।

सीएम योगी कहले कि कई बेर अनियोजित विकास के शिकायत भी आवेला। अइसना में भविष्य के जरूरत के ध्यान में राखत राज्य राजधानी क्षेत्र के गठन जरूरी बा| उ कहले कि लखनऊ ग्रीन कॉरिडोर के योजना भी जल्दी से जल्दी शुरू होखे के चाही। नगर निगम लखनऊ के दायरा भी बढ़ावल जाय। सीएम योगी आदित्यनाथ नक्शा, फीस के प्रक्रिया के आसान बनावे के निर्देश देले बाड़े। सीएम अधिकारी लोग से कहले कि आम आदमी के घर के नक्शा पास करावे, फीस जमा करे जईसन छोट-छोट जरूरत खातीर चिंता ना करे के चाही। एकरा खातिर विकास अधिकारियन के आपन कामकाजी शैली बदले के पड़ी|

 

सीएम योगी निर्देश दिहलन कि सगरी अधिकारियन, स्थानीय निकाय के ई सुनिश्चित करे के चाहीं कि अवैध बस्ती/आवासीय कालोनी के कवनो हालत में कतहीं ना बसे दिहल जाव| हर कॉलोनी में जरूरी सगरी सुविधा होखे के चाहीं| सीएम योगी साफ कहले बाड़न कि प्रधानमंत्री के विजन के मुताबिक खरब डॉलर के अर्थव्यवस्था हासिल करे खातिर हमनी के शहरीकरण के बढ़ावा देबे के पड़ी| एकरा में विकास प्राधिकरण के भूमिका बहुत महत्वपूर्ण बा। विकास प्राधिकरण के निवेश, रोजगार आ नवाचार खातिर तकनीक के मदद से अपना बलबूते आगे बढ़े के पड़ी| उ शहरी नियोजन के मॉडल तैयार करे के संदेश देले। संगही सभ विकास प्राधिकारी के अपना विजन के मुताबिक काम करे के संदेश दिहल गईल बा।

अगिला 50 साल के योजना ध्यान में राखत 

योगी कहले कि विकास परियोजना के निर्धारण करत घरी अगिला 50 साल के स्थिति के ध्यान में राखी। मास्टर प्लान में योजनाबद्ध विकास के पूरा खाका होखे के चाहीं| अधिकारियन के अपना परियोजना खातिर वित्तीय प्रबंधन अपना बलबूते करे पे भी गंभीरता से विचार करे के पड़ी| लखनऊ, कानपुर, गोरखपुर, मुरादाबाद, सहारनपुर, झांसी, मथुरा, बरेली, मेरठ, आगरा, चित्रकूट, वाराणसी, प्रयागराज की शहर विकास योजना तैयार कइल जाव ।

 

एक हफ्ता में मेट्रो के दूसरा चरण के प्रस्ताव

लखनऊ मेट्रो के दूसरा चरण के काम भी जल्दिए शुरू हो जाई। एहमें चारबाग से बसंत कुंज ले मेट्रो गलियारा बनावे के बा| सीएम एक हफ्ता में आपन पूरा विकास योजना मंगले बाड़न| उ कहले कि लखनऊ के मेट्रो आम जनता के बहुत पसंद बा। कोविड से पहिले रोज 72 हजार यात्री एह पर सफर करत रहले। अब फेरु ऊ समय लवटत बा| एहसे एकर कनेक्टिविटी बढ़ावे के जरूरत बा। योगी कहले कि राजधानी में सभ सुविधा से लैस एगो ‘कन्वेंशन सेंटर’ के जरूरत बा, जवना में विश्वस्तरीय आयोजन हो सके।

 

सीएम कहले कि कम से कम 35 एकड़ में एकर निर्माण के मकसद से जमीन के चयन क के प्रस्ताव तैयार करीं। अवध शिल्पग्राम के प्रयोग बढ़ावे के जरूरत बा। हर पखवाड़ा एहिजा एमएसएमई, कौशल विकास, हुनर ​​हाट जइसन प्रदर्शनी के आयोजन होखे के चाहीं| संगही, उ आवास विकास परिषद के अवध शिल्पग्राम अउरी ककोरी शहीद स्मृति उद्यान के लाइट प्रकाश से रोशन करे के निर्देश देले।

 

481830cookie-checkयूपी में एनसीआर के तर्ज पे ‘राज्य राजधानी क्षेत्र’ बनावल जाई, इ जिला सीएम योगी के ए योजना से जुड़ी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.