महाराष्ट्र: बागेश्वर धाम धीरेंद्र शास्त्री के कार्यक्रम में भगदड़, मचल चीख पुकार

बागेश्वर धाम धीरेंद्र शास्त्री के कार्यक्रम में भगदड़

Share

बागेश्वर धाम महाराज धीरेन्द्र शास्त्री आजु भिवंडी के मानकोली नाके के लगे स्थित इंडियन ऑयल कंपनी में सत्संग खातिर आइल रहले. एह दौरान धीरेन्द्र शास्त्री जी आपन कथा के माध्यम से जनता के बीच कथा सुनवले अवुरी ओकरा बाद धीरेंद्र शास्त्री अपना भक्तन से कहले कि हम रउआ सभे के भभूति देब। रउआ सभे एक-एक कs के आ जाईं, पहिले मेहरारू अइहें आ फेर मरद आ जइहें। एकरा बाद पहिले सब मेहरारू लाइन में लाग गईली अवुरी पीछे मरद लाइन में लाग गईले।  कुछ ही देर में बाबा से भभूति लेवे खातिर भीड़ एतना जुट गईल कि बेकाबू हो गईल।  सब लोग पहिले भभूति के प्राप्ति खातिर आगे बढ़े लागल।

भभूति के ले जाए के भीड़ एतना बढ़ गईल कि लोग एक दूसरा के ऊपर चढ़े लगले अवुरी भगदड़ निहन स्थिति पैदा हो गईल। पास में खड़ा बाउंसर लोग मेहरारू लोग के भीड़ से बाहर निकाल के मंच पs बईठा देले। भगदड़ के चलते चिल्लाहट हो गईल अवुरी लोग के सांस लेवे में परेशानी होखे लागल। जवना महिला के सांस लेवे में परेशानी होखत रहे अवुरी ओ लोग के एक ओर बईठावल जात रहे
धीरेन्द्र शास्त्री जब देखलन कि भीड़ सीमा से बाहर बढ़ गइल बा तs ऊ अपना मंच से उठ गइलन आ एकरा बाद भीड़ में मौजूद लोग एक के बाद एक मंच पs चढ़े लागल जवना के चलते ओहिजा मौजूद पुलिस लोग के हटावे के कोशिश कइलस. फिलहाल एss घटना में केहु के घाही होखे के कवनो जानकारी नईखे।  पुलिस हल्का बल प्रयोग कs के उहाँ से लोग के हटावे के कोशिश कईलस।  

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-