[the_ad_group id="30365"]

Lucknow News: बेटी के कोचिंग छोड़के लवटत वरिष्ठ पत्रकार के पत्नी कार सहित लापता, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। वरिष्ठ पत्रकार आ बहुचर्चित लेखक आलोक पराड़कर के पत्नी रीना पराड़कर सुक के दुपहरिया से लापता हो गइल बाड़ी। ऊ अपना बेटी के अलीगंज इस्थित कोचिंग संस्थान में छोड़के कार से विपुलखंड इस्थित घर लवटत रही। रास्ता में ऊ पति के फोन मिलवली, उनका फोन पs पत्नी के हल्का चीख सुनाई पड़ल आ फोन कट गइल। दोबारा कॉल कइला पs फोन स्विचऑफ आवे लागल।

आलोक आनन-फानन में घटना के सूचना अपना कुछ साथियन के देलें। फेर गोमतीनगर थाना पs फोन कइलें। ऊ एगो वरिष्ठ अधिकारी के फोन कs के ममिला में मदद मंगलें। एकरा बाद पुलिस आयुक्त क्राइम ब्रांच के ममिला के जांच सउपलें। क्राइम ब्रांच रीना के आवे-जाये वाला रूट पs लागल सीसीटीवी कैमरन के खंगरले बिया। कार में सवार रीना लेखराज चौराहा पास अंतिम बार नजर आइल बाड़ी। बाकिर, ओकरा बाद उनकर पता नइखे चल पाइल।

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार गोमतीनगर थाना पुलिस बतवलस कि ममिला के गंभीरता के देखत तत्काल कार्रवाई शुरू कs दिहल गइल बा आ उनका के खोजे खातिर विशेष टीम गठित कइल गइल बाड़ी सs। जरूरी वैधानिक कार्रवाई कइल जा रहल बा।

विष्णु पराड़कर के पौत्रवधु हई लापता रीना

हिंदी पत्रकारिता के भीष्म पितामह मानल-जाये वाला विष्णु पराड़कर के पोता आलोक पराड़कर फेसबुक पs अपना पत्नी के लापता होखे के बात लिखलें। जवना पs बड़ संख्या में लोग चिंता व्यक्त करत रीना के सकुशल होखे के प्राथना कइल को। लोग पुलिस प्रशासन से एह ममिला में त्वरित कार्रवाई करे के गुहार लगवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]