Prayagraj Maha Kumbh : महाकुंभ में संगम तट पs मचल भगदड़, 17 श्रद्धालुअन के मौत, टालल गइल अमृत स्नान

Anurag Ranjan
- Sponsored Ads-

प्रयागराज : प्रयागराज के महाकुंभ में बुध के होखे वाला अमृत स्नान से पहिले मंगर के रात करीब 1:00 बजे भगदड़ मच गइल। एमे करीब 17 लोगन के मौत होखला के खबर बा। हालांकि प्रशासन अभी ले मरे वालन के संख्या के बारे में कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइलें। कुछ लोग दावा कs रहल बा कि मरे वालन के संख्या एकरा से जादे हो सकत बा।

60 से जादे लोगन के घायल होखला के बात कहल जा रहल बा। घटना संगम तट पs भइल बा। घायलन के महाकुंभ के अस्पतालन में भरती करवाल गइल बा। केंद्र आ राज्य के सुरक्षा बल आउर एजेंसी हालात के नियंत्रित करे में लागल बाड़ी सs। घायलन के लेके एंबुलेंस अस्पतालन में पहुंचली सs। घटना होखतही प्रशासनिक अधिकारी आ बचाव दल मवका पs पहुंचल लो।

- Sponsored Ads-

राहत आ बचाव कार्य कइल जा रहल बा। एह बीच सीएम योगी आदित्यनाथ अखाड़न से बात कइलें आ घटना के जानकारी लेलें। एह घटना के बाद अमृत स्नान टाल दिहल गइल बा। एकरा बाद अखाड़न के अमृत स्नान टाल दिहल गइल बा। बुध के सबेरे 5:00 बजे श्री महा निर्वाणी आ अटल अखाड़ा के अमृत स्नान करे के रहे। एकरा बाद निरंजन आ आनंद अखाड़ा के स्नान करे के रहे। फेर जूना, अग्नि, आवाहन आ किन्नर अखाड़ा के स्नान करे के समय रहे।

एह सब के बाद वैष्णव संप्रदाय के दिगंबर अनी निर्मोही अनी निर्वाणी अनी केस्नान करत आ सबसे अंत में निर्मल अखाड़ा के स्नान होखे के रहे। बाकिर अब ई सब स्नान टाल दिहल गइल बा। एगो प्रत्यक्षदर्शी श्रद्धालु त्रिभुवन के कहनाम बा कि उनकर आपन करीबी नव लोग लापता बा। सब लोग मेला प्रशासन के जिम्मेदार ठहरा रहल बा। लोगन के कहनाम रहे कि संगम तट के लगे अचानक भीड़ के रोक दिहल गइल। इहां लोग फंस गइल आ कहीं ना जा पाये के इस्थिति में लोग बैरीकेडिंग पार करे लागल। एही दौरान भगदड़ मचल।

जौनपुर में श्रद्धालुअन के रोकल गइल

भगदड़ के बाद महाकुंभ के तरफ जाये वालन श्रद्धालुअन के रोक दिहल गइल बा। बुध के सबेरे 3:00 बजे जौनपुर के मुंगरा बादशाहपुर से श्रद्धालु महाकुंभ जात रहे लो। ओह लोगन के वाहनन के मुंगरा बादशाहपुर में रोकल गइल बा।

जांच में जुटल प्रशासन

भगदड़ कइसे मचल प्रशासन एकर जांच में जुट गइल बा। सीसीटीवी कैमरन से फुटेज खंगालल जा रहल बा। घटना के बाद रामबाग रेलवे स्टेशन पs पुलिसकर्मी अलर्ट हो गइल बा। इहां बनल दुगो मुख्य द्वारन में से एक पs बैरीकेडिंग कs दिहल गइल बा। मरीज के अस्पताल ले जाये खातिर ग्रीन कॉरिडोर बनावल गइल बा। अधिकारी इस्थिति के नियंत्रित करे के प्रयास में जुटल बा लो।

मेला क्षेत्र में सक्रिय एडीजी जोन भानु भास्कर, महाकुंभ मेला अधिकारी विजय किरन आनंद, आईजी रेंज प्रेम गौतम, कमिश्नर विजय विश्वास पंत आ पुलिस कमिश्नर तरुण गाबा घटना के जानकारी होखतही मवका पs पहुंचल लो आ बचाव कार्य के निगरानी में जुड़ गइल लो।

साभार: The Photon News

Read Also: ICC Awards 2024: सर्वश्रेष्ठ क्रिकेटरन से लेके सर्वश्रेष्ठ टीम तक, इहां देखीं आईसीसी अवॉर्ड्स के पूरा लिस्ट

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment