जलगांव ट्रेन हादसा: पहिया से निकलल चिंगारी आ अफवाह कइसे ले लिहलस 11 लोगन के जान? जानीं सबकुछ

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

महाराष्ट्र के जलगांव में भइल एगो भयावह ट्रेन दुर्घटना में 11 लोग के मउत के खबर पs अफरातफरी चीख पुकार मचल बा. दुर्घटना मुंबई से 400 किलोमीटर दूर पचोरा के नजदीक महेजी अवुरी परधाडे स्टेशन

Share

जलगांव ट्रेन हादसा

महाराष्ट्र के जलगांव में भइल एगो भयावह ट्रेन दुर्घटना में 11 लोग के मउत के खबर पs अफरातफरी चीख पुकार मचल बा. दुर्घटना मुंबई से 400 किलोमीटर दूर पचोरा के नजदीक महेजी अवुरी परधाडे स्टेशन के बीच भईल, जहां लखनऊ-मुंबई के बीच रोज चलत सुपरफास्ट एक्सप्रेस ट्रेन लखनऊ-मुंबई पुष्पक एक्सप्रेस से गुजरत रहे। केहु ट्रेन में सवार लोग के कहलस कि ट्रेन में आग लागल बा। एs अफवाह के चलते यात्री चेन खींच लेले अवुरी ट्रेन रुक गईल। केंद्रीय रेलवे के अधिकारी बतवले कि बुध के सांझ के करीब पांच बजे आग के घटना भईल। 

कर्नाटक एक्सप्रेस यात्रियन के ऊपर से चल गइल

केंद्रीय रेलवे के मुख्य प्रवक्ता स्वप्नील नीला बतवले कि पुष्पक एक्सप्रेस में आग लागे के अफवाह के बाद कुछ यात्री उतर गईले अवुरी बेंगलुरु से दिल्ली जात कर्नाटक एक्सप्रेस के चपेट में आ गईले उs कहले कि, हमनी के शुरुआती जानकारी बा कि ‘हॉट एक्सल’ के चलते भा पुष्पक एक्सप्रेस के एगो कोच के भीतर ‘ब्रेक बाइंडिंग’ (जैमिंग) से कुछ यात्री डेरा के चेन खींच लिहले अवुरी कुछ लोग ट्रेन से नीचे कूद गईले आ साथे साथ कर्नाटक एक्सप्रेस बगल के पटरी से गुजरत रहे आ यात्रियन के कुचल दिहलस।

11 मरे वाला के शव बरामद, 40 यात्री घायल

एह दिल दहला देबे वाला तस्वीरन में लाश पटरी पर पड़ल लउकत बा आ कुछ लोग खून से लथपथ इधर-उधर दौड़त लउकत बा. एह हादसा के भयानक तस्वीर आ वीडियो सामने आइल बा. घटना के बाद मौका पs रेलवे के बहुत अधिकारी मौजूद बाड़े। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल बा, जहां उनुकर इलाज चलता। जलगांव सिविल अस्पताल के डीन के मुताबिक 11 गो शव के अस्पताल ले आवल गइल बा आ 40 घायल लोग के भर्ती करावल गइल बा. 

इहो पढ़ीं: गंभीर बेमारी से जूझ रहल बाड़े शाहरुख खान के ‘डंकी’ के एक्टर, मेडिकल बिल बिगड़लस आर्थिक हालत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.