CRPF Bus Accident : श्रीनगर में बड़ हादसा, CRPF के बस नहर में गिरल, सात जवान घायल

CRPF bus fell into a canal in Dugpora area of Srinagar, seven jawans injured

Share

श्रीनगर। सनिचर के दिन श्रीनगर के डगपोरा इलाका में एगो सड़क हादसा हो गइल, जवना में केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (CRPF) के सात गो जवान घायल हो गइल लोग। अफसर लोग बतावल कि ई हादसा अहमद नगर के डगपोरा रोड पs तब भइल, जब बुलेटप्रूफ बंकर गाड़ी चलावे वाला ड्राइवर गाड़ी पs से कंट्रोल खो बइठल। कंट्रोल छूटतही गाड़ी सड़क से फिसल के सीधा नहर में जा गिरल।

हादसा के बाद आसपास के लोग आ सुरक्षाबल तुरंत राहत काम में जुट गइल। घायल जवानन के इलाज खातिर शेर-ए-कश्मीर इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंसेज (SKIMS), सौरा भेजल गइल। डॉक्टरन के मोताबिक सब जवानन के हालत फिलहाल इस्थिर बा, बाकिर सब केहू के कइयन जगह चोट लागल बा।

घायल जवानन के पहचान नागिंदर सिंह (36), अजीत कुमार राम (36), राज किशोर राय (40), अमित कुमार यादव (38), राजधन राम (55), मंकर कुमार (40) आ नीरज कुमार (45) के रूप में भइल बा।

अफसर लोग बतावल कि हादसा के कारणन के जांच कइल जा रहल बा। सुरुआती जानकारी के अनुसार, ड्राइवर के कंट्रोल बिगड़ल हादसा के मुख्य वजह मानल जा रहल बा। राहत के बात ई बा कि कवनो जवान के जान के खतरा नइखे आ सब केहू कें इलाज के बाद ठीक होखला के उम्मेद बा।

Read Also: Delhi Terror Alert : दिल्ली में आतंकी हमला के अलर्ट, लाल किला के लगे धमाका के साजिश रच रहल बा लश्कर-ए-तैयबा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-