UPSC CAPF AC 2026 : यूपीएससी में सहायक कमांडेंट के 349 पदन पs भरती, स्नातक के डिग्री वाला कs सेकेला आवेदन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2026

नई दिल्ली। संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल (CAPF) में सहायक कमांडेंट (AC) 2026 परीक्षा के आधिकारिक नोटिफिकेशन जारी कs देले बा। एह बहाली अभियान के तहत CRPF, BSF, CISF, ITBP आ

Share

UPSC

नई दिल्ली। संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) केंद्रीय सशस्त्र पुलिस बल (CAPF) में सहायक कमांडेंट (AC) 2026 परीक्षा के आधिकारिक नोटिफिकेशन जारी कs देले बा। एह बहाली अभियान के तहत CRPF, BSF, CISF, ITBP आ SSB में कुल 349 पदन पs नियुक्ति होई। मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से स्नातक डिग्री वाला अभ्यर्थी ऑनलाइन आवेदन कs सकेला।

बल अनुसार रिक्त पद

  • सीमा सुरक्षा बल (BSF): 108
  • केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (CRPF): 106
  • भारत-तिब्बत सीमा पुलिस (ITBP): 12
  • सशस्त्र सीमा बल (SSB): 53
  • केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (CISF): 70
  • कुल पद: 349

केहू कs सकेला आवेदन?

  • मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से ग्रेजुएशन जरूरी
  • उमिर 20 से 25 साल (आरक्षित वर्ग खातिर नियमानुसार छूट)
  • भारतीय नागरिक होखल जरूरी
  • UPSC के ओर तय शारीरिक आ मेडिकल मानक पूरा कइल अनिवार्य

जरूरी तारीख

  • नोटिफिकेशन जारी: 20 फरवरी 2026
  • आवेदन सुरू: 20 फरवरी 2026
  • आवेदन के आखिरी तारीख: 12 मार्च 2026 (सांझ 6 बजे तक)
  • आयु कट-ऑफ तिथि: 1 अगस्त 2026
  • लिखित परीक्षा: 19 जुलाई 2026
  • पेपर I: सबेरे 10 से दोपहर 12
  • पेपर II: दुपहरिया 2 से सांझ 5

आवेदन शुल्क

  • जनरल/OBC: ₹200
  • SC/ST आ महिला अभ्यर्थी: कवनो शुल्क ना

चयन प्रक्रिया

लिखित परीक्षा के बाद PST, PET, मेडिकल टेस्ट आ इंटरव्यू/पर्सनैलिटी टेस्ट होई।

आवेदन कइसे करीं?

  • upsconline.nic.in पs जाईं
  • New Registration से पंजीकरण कs URN पाईं
  • लॉगिन कsके Common Application Form भरीं
  • परीक्षा केंद्र चुनके शुल्क जमा करीं
  • फोटो, हस्ताक्षर आ पहचान पत्र अपलोड करीं
  • सब जानकारी जांच के फॉर्म सबमिट करीं

Read Also: Redmi Note 14 Pro Plus : महंगा फोन मिल रहल बा सस्ता, अब किनी 26 हजार से कम में, मिली 6,200mAh बैटरी आ 1.5K OLED डिस्प्ले 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.