IND vs SL 2nd T20: श्रीलंका भारत के 16 रन से हरवलस, हार्दिक के कप्तानी में भारत के पहिला हार

Anurag Ranjan

श्रीलंका भारत के 16 रन से हरवलस 

दुसरका T-20 में श्रीलंका भारत के 16 रन से हरा देले बा। एकरा संगही श्रीलंकाई टीम तीन मैच के सीरीज में 1-1 के बराबरी कs लेले बिया। श्रीलंका पहिले बल्लेबाजी करत भारत के सोझा 207 रन के लक्ष्य रखले रहे। एकरा जवाब में भारत 190 रन बना सकल आ मैच हार गइल। हार्दिक पांड्या के कप्तानी में ई भारत के पहिला हार हs। एह मैच में श्रीलंका खातिर कप्तान दसून शनाका आ कुशल मेंडिस कमाल के बल्लेबाजी कइल लोग। ओहिजा, भारत खातिर अक्षर पटेल आ सूर्यकुमार यादव कमाल कइल लो। ओइसे, ई दुनु भारत के जीत ना दिला पावल। सीरीज के तीसरा आ निर्णायक मैच सात जनवरी (सनीचर) के खेलल जाई।

मैच में का भइल?

टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल श्रीलंका के सुरुआत सानदार रहल। दूसरका ओवर में अर्शदीप 19 रन लुटा देले आ इहां से श्रीलंका के पारी तेज रफ्तार पकड़ लेलस। कुशल मेंडिस 31 गेना में 52 रन बनाके आउट भइले, बाकिर ओ घरी ले श्रीलंका के स्कोर 80 रन हो चुकल रहे। हालांकि, अगिलके ओवर में भानुका राजपक्षे दु रन बनाके आउट हो गइलें। तनी देर बाद पथुम निशांका 33 रन बनाके आउट हो गइलें। धनंजय डीसिल्वो कुछ खास ना कs पइलें आ तीन रन बनाके आउट हो गइलें। एकरा बाद चरिथ असालंका 19 गेना में 37 रन बनाके श्रीलंका के वापसी करवलें। अंत में श्रीलंकाई कप्तान दसून शनाका 22 गेना में 56 रन के पारी खेलले आ श्रीलंका के स्कोर छव विकेट पs 206 रन तक पहुंचवलें।

बड़ लक्ष्य के पीछा करत भारत के सुरुआत बहुते खराब रहल।पारी के दूसरका ओवर में भारत के दुनो सलामी बल्लेबाज पवेलियन लवट गइल लो। कसून रजिता ईशान किशन के दु आ शुभमन गिल के पांच रन के स्कोर पs आउट कइलें। राहुल त्रिपाठी डेब्यू मैच में पांच रन बनाके आउट हो गइलें। 21 रन पs तीन विकेट गिरला के बाद भारतीय टीम मुश्किल में आ गइल रहे। 13 रन बाद कप्तान हार्दिको 12 रन बनाके आउट हो गइलें। 34 रन पs भारत के चार विकेट गिर चुकल रहे। सूर्यकुमार यादव आ दीपक हुड्डा छोट साझेदारी कइल लोग, बाकिर् हुड्डा नौ रन बनाके चलत बनलें। एकरा बाद अक्षर पटेल सूर्यकुमार के संगे मिलके तेजी से रन बनवलें। एह बीच श्रीलंका अक्षर के रन आउट करे के आसान मवको छोड़लस। अक्षर आ सूर्या मिलके भारत के स्कोर 100 रन के पार पहुंचावल लोग। ई दुनू बेहतरीन साझेदारी कs के मैच में भारत के वापसी करावल, बाकिर अंत में सूर्यकुमार आ अक्षर दूनु लोग आउट हो गइल लो। एह दुनू के आउट होखला के संगही भारत मैच हार गइल। हालांकि, आखिरी ओवर तक भारत के जीते के उम्मीद बनल रहल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।