नवहन में सर्वांगीण विकास खातिर खेल जरूरी: विजय कृष्ण

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 27, 2023

सतरांव (देवरिया)/ अखिलेश सिंह। सतरांव क्षेत्र के डुमरियाकोल में जय मां विंध्यवासिनी स्पोर्टिंग क्लब द्वारा जिला स्तरीय रात्रिकालीन कबड्डी प्रतियोगिता के फाइनल चेरो आ विजयीपुर के बीच खेलल गइल। जवना के मुख्य अतिथि जिला पंचायत

Share

सतरांव (देवरिया)/ अखिलेश सिंह। सतरांव क्षेत्र के डुमरियाकोल में जय मां विंध्यवासिनी स्पोर्टिंग क्लब द्वारा जिला स्तरीय रात्रिकालीन कबड्डी प्रतियोगिता के फाइनल चेरो आ विजयीपुर के बीच खेलल गइल। जवना के मुख्य अतिथि जिला पंचायत सदस्य ऋषि कुमार रानू आ विशिष्ठ अतिथि विजय कृष्ण यादव रहलें। मैच के आरम्भ ऋषि कुमार रानू फीता काटके कइलें। मैच के मुख्य निर्णायक प्रभुनाथ यादव रहलें। सुनील यादव अपना सानदार कमेंट्री से लोगन के भरपूर मनोरंजन कइलें।

प्रतियोगिता के फाइनल मुकाबला विजयीपुर आ चेरो के बीच खेलल गइल। पहिलके हाफ से विजयीपुर बढ़त बना के रखलस। अंत में 55–48 अंकन के अंतर से विजयीपुर चेरो के पराजित कइलस। एह मैच के ‘मैन ऑफ द मैच‘ के पुरस्कार मुजफ्फर अली, ‘मैन ऑफ द टूर्नामेंट’ खातिर आशुतोष आ बेस्ट डिफेंडर के रुप में रंजीत कुमार के चुना गइल। आयोजक हरिश्चन्द्र यादव आ दीपक कुमार सब क्षेत्रवासियन के आभार व्यक्त कइल लो।

जिला पंचायत सदस्य ऋषि कुमार रानू कहलें कि ग्रामीण क्षेत्रन में आजो प्राचीन खेलन के प्रति लोगन में बहुते रुचि देखे के मिल रहल बा जबकि शहरी नवहन में एह खेल के प्रचलन कम होत जा रहल बा। एह तरह के प्रतियोगिता आयोजित होखला से निमन खिलाड़ी उभर के आई लो, जे अपना क्षेत्र आ गांव के नाम विश्वपटल पs रोशन करी लो।

एह दौरान शिवम पाण्डे, भूपेन्द्र कुमार, आशिक कुमार, जितेश यादव, भीम, आशिक यादव, पियूष, हैप्पी, सुरदेव प्रसाद यादव, उमेश यादव, धमेंद्र उपाध्याय, सनम बाबा, कृष्णा यादव, सोनू, राधेश्याम, गुड्डू यादव, मुन्ना, मनीष, रामनारायन आदि मवजूद रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.