छपरा से सिकंदराबाद खातिर चली स्पेशल ट्रेन: 30 मार्च आ 1 अप्रिल के एक फेरा खातिर चली गाड़ी, त्योहार में रेल यात्रियन के सुविधा

Share

रेलवे के ओर l से होली में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 05051-05052 छपरा-सिकन्दराबाद-छपरा होली विशेष गाड़ी के संचालन 30 मार्च सनीचर के छपरा से आ एक अप्रिल सोमार के सिकन्दराबाद से एक फेरा खातिर कइल जाई। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। एह ट्रेन के संचालन से छपरा सहित पूर्वोत्तर रेलवे के यात्रियन के दक्षिण भारत के यात्रा करे में सहूलियत मिली।

छपरा से 03:50 बजे प्रस्थान करी 

05051 छपरा-सिकन्दराबाद होली विशेष गाड़ी 30 मार्च के छपरा से 03:50 बजे प्रस्थान कs के सीवान से 04:45 बजे, थावे से 05:25 बजे, तमकुही रोड से 06:02 बजे, पडरौना से 06:37 बजे, कप्तानगंज से 07:25 बजे, गोरखपुर से 08:30 बजे, खलीलाबाद से 09:10 बजे, बस्ती से 09:39 बजे, गोण्डा से 11:05 बजे, ऐषबाग से 13:43 बजे, कानपुर सेन्ट्रल से 15:10 बजे, ऊरई से 16:42 बजे, वीरांगना लक्ष्मीबाई जं. से 18:53 बजे, भोपाल से 23:15 बजे, दूसरका दिन इटारसी से 00:55 बजे, नागपुर से 06:45 बजे, बल्हारषाह से 10:05 बजे, सिरपुर कागजनगर से 10:57 बजे, बेल्लमपल्ली से 11:32 बजे, रामगुंडम् से 12:01 बजे आ काजीपेट से 13:27 बजे छूटके सिकन्दराबाद 16:35 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 05052 सिकन्दराबाद-छपरा होली विशेष गाड़ी एक अप्रिल सोमार के सिकन्दराबाद से 21:00 बजे प्रस्थान कs के काजीपेट से 23:00 बजे, दूसरका दिन रामगुंडम् से 00:32 बजे, बेल्लमपल्ली से 01:07 बजे, सिरपुर कागजनगर से 01:32 बजे, बल्हारषाह से 03:20 बजे, नागपुर से 06:35 बजे, इटारसी से 12:00 बजे, भोपाल से 13:50 बजे, वीरांगना लक्ष्मीबाई जं. 21:20 बजे, ऊरई से 22:22 बजे, तीसरका दिन कानपुर सेन्ट्रल से 01:30 बजे, ऐषबाग से 02:50 बजे, गोण्डा से 05:45 बजे, बस्ती से 07;20 बजे, खलीलाबाद से 07:52 बजे, गोरखपुर से 09:05 बजे, कप्तानगंज से 10:10 बजे, पडरौना से 10:47 बजे, तमकुही रोड से 11:20 बजे, थावे से 12:10 बजे आ सीवान से 13:10 बजे छूटके छपरा 14:20 बजे पहुंची।

22 कोच के संग चली ट्रेन

एह गाड़ी में जनरेटर सह लगेज यान के एक, एलएसएलआरडी के एक, साधारण द्वितीय श्रेणी के तीन, शयनयान श्रेणी के तीन, वातानुकूलित तृतीय इकोनामी श्रेणी के 14 कोचन सहित कुल 22 कोच होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-