[the_ad_group id="30365"]

छपरा-जालना विशेष ट्रेन संचालन में विस्तार: 29 सितंबर तक चली स्पेशल ट्रेन, सुक के छपरा आ बुध के जालना से होई संचालित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन यात्रियन के भीड़ के धेयान में रखत पहिले से चलावल जा रहल 07651/07652 जालना-छपरा-जालना साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचलन अवधि बढ़ावे के निर्णय लेले बा। ट्रेन संचालन के अवधि 29 सितंबर तक कs दिहल गइल बा। ई ट्रेन हर बुध के जालाना से आ हर सुक के प्रत्येक शुक्रवार हो छपरा से संचालित होगी। जानकरी जन संपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी कs के देलें।

कब कवन स्टेशन पs पहुंची ट्रेन

गाड़ी संख्या 07651 जालना-छपरा साप्ताहिक विशेष गाड़ी 27 सितम्बर तक हर बुध के जालना से 23.30 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन औरंगाबाद से 00.20 बजे, मनमाड से 04.20, भुसावल से 06.40, खंडवा से 08.55, हरदा से 10.02, इटारसी से 12.10, पिपरिया से 13.02, गाडरवारा से 13.27, नरसिंहपुर से 14.00, जबलपुर से 15.40, कटनी से 17.00, मैहर से 17.42, सतना से 18.25, मानिकपुर से 20.10, प्रयागराज जंक्शन से 22.40, ज्ञानपुर रोड से 23.50, तीसरका दिन बनारस से 00.55, वाराणसी जंक्शन से 01.20, औंड़िहार से 02.02, गाजीपुर सिटी से 02.50, बलिया से 03.45 बजे आ सहतवार से 04.05 बजे चलके छपरा 05.30 बजे पहुंची।

गाड़ी संख्या 07652 छपरा-जालना साप्ताहिक विशेष गाड़ी 29 सितम्बर तक हर सुक के छपरा से 22.15 बजे प्रस्थान कs  के सहतवार से 23.00, बलिया से 23.25, दूसरका दिन गाजीपुर सिटी से 00.25, औंड़िहार से 01.00, वाराणसी जंक्शन से 02.30, बनारस से 02.45, ज्ञानपुर रोड से 03.37, प्रयागराज जंक्शन से 05.25, मानिकपुर से 07.37, सतना से 08.35, मैहर से 09.00, कटनी से 09.47, जबलपुर से 11.10, नरसिंहपुर से 12.12, गाडरवारा से 12.40, पिपरिया से 13.07, इटारसी से 14.30, हरदा से 15.22, खंडवा से 17.37, भुसावल से 19.25, मनमाड से 22.00 बजे आ तीसरका दिन औरंगाबाद से 01.05 बजे चलले जालना 04.00 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]