आनंद विहार-जोगबनी के बीच चली स्पेशल ट्रेन : त्योहार में बढ़त यत्रियन के भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय

Share

रेलवे प्रशासन आवे वाला त्योहार पs यात्रियन के होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत छपरा के रास्ते ट्रेन संख्या 04010/04009 आनन्द विहार टर्मिनस-जोगबनी-आनन्द विहार टर्मिनस वाया छपरा त्योहार विशेष गाड़ी के संचलन आनन्द विहार टर्मिनस से 29 अक्तूबर, पांच आ 12 नवंबर, 2024 हर मंगर के और जोगबनी से 31 अक्तूबर, सात आ 14 नवंबर, 2024 हर बियफे के टीम फेरन खातिर एह तरे कइल जाई। एसे छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। ई ट्रेन सीतापुर गोंडा से गोरखपुर छपरा के रास्ते जोगबनी के जाई। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें।

एह गाड़ियन के होई परिचालन

ट्रेन संख्या 04010 आनन्द विहार टर्मिनस-जोगबनी त्योहार विशेष गाड़ी 29 अक्तूबर, 05 आ 12 नवंबर, हर मंगर के आनन्द विहार टर्मिनस से 23:45 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन गाजियाबाद से 00:36 बजे, मुरादाबाद से 03:00 बजे, चन्दौसी से 04:00 बजे, बरेली कैंट से 05:27 बजे, सीतापुर से 08:22 बजे, गोंडा से 11:10 बजे, बस्ती से 12:42 बजे, गोरखपुर से 14:30 बजे, देवरिया सदर से 15:20 बजे, सीवान से 16:15 बजे, छपरा से 18:45 बजे, सोनपुर से 19:57 बजे, हाजीपुर से 20:12 बजे, शाहपुर पटोरी से 20:52 बजे, बरौनी जं. से 22:25 बजे, बेगूसराय से 22:45 बजे, खगड़िया से 23:19 बजे, तीसरका दिन नवगछिया से 00:23 बजे, कटिहार से 02:10 बजे, पूर्णिया से 03:00 बजे, अररिया कोर्ट से 03:40 बजे आ अररिया से 03:55 बजे आउर फारबिसगंज से 04:45 बजे छूटके जोगबनी 05:20 बजे पहुंची।

वापसी में आवे वाली गाड़ी

वापसी यात्रा में, ट्रेन संख्या 04009 जोगबनी-आनंद विहार टर्मिनस त्यौहार विशेष गाड़ी 31 अक्टूबर, 07 आ 14 नवंबर, प्रत्येक बियफे के जोगबनी से 09:00 बजे प्रस्थान कs के फारबिसगंज से 09:20 बजे, अररिया से 10:10 बजे, अररिया कोर्ट से 10:22 बजे, पूर्णिया से 11:20 बजे, कटिहार से 13:40 बजे, नवगछिया से 14:40 बजे, खगड़िया से 15:22 बजे, बेगूसराय से 15:52 बजे, बरौनी जं. से 16:30 बजे, शाहपुर पटोरी से 17:12 बजे, हाजीपुर से 17:55 बजे, सोनपुर से 18:07 बजे, छपरा से 20:00 बजे, सीवान से 20:40 बजे, देवरिया सदर से 21:45 बजे, गोरखपुर से 23:20 बजे, दूसरका दिन बस्ती से 00:28 बजे, गोंडा से 01:45 बजे, सीतापुर से 05:05 बजे, बरेली कैंट से 08:10 बजे, चन्दौसी से 10:30 बजे, मुरादाबाद से 12:45 बजे आ गाजियाबाद से 15:27 बजे छूटके आनंद विहार टर्मिनस 16:05 बजे पहुंची। एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 16, साधारण द्वितीय श्रेणी के दु, वातानुकूलित द्वितीय सह तृतीय श्रेणी के एगो आ एसएलआर के दु कोचन सहित कुल 21 कोच लगावल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-