Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा-आनंद विहार के बीच स्पेशल ट्रेन के होई संचालन: 8 से 30 नवंबर तक हर बुध के छपरा से चली ट्रेन, त्योहार में यात्रियन के होई सुविधा

1,307
Google Ads 300*250 for posts

रेलवे 05115/05116 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी के संचालन 08 से 30 नवम्बर तक हर बुध के छपरा से आ हर बियफे के आनन्द विहार टर्मिनस से करी। ई जानकारी रेलवे के जन सम्पर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। दीवाली आ छठ महापर्व पs आवे वाला यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

आनन्द विहार टर्मिनस 11.50 बजे पहुंची 

05115 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी आठ से 29 नवम्बर, 2023 तक हर बुध के छपरा से 17:45 बजे प्रस्थान कs के सीवान से 18:30 बजे, देवरिया सदर से 19:35 बजे, गोरखपुर से 20:55 बजे, खलीलाबाद से 21:37 बजे, बस्ती से 22:04 बजे, गोण्डा से 23:35 बजे, दूसरका दिन बुढ़वल से 00:42 बजे, सीतापुर से 03:05 बजे, बरेली से 06:50 बजे आ मुरादाबाद से 08:25 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 11.50 बजे पहुंची।

छपरा 09.30 बजे पहुंची 

वापसी यात्रा में 05116 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा साप्ताहिक पूजा विषेष गाड़ी नौ से 30 नवम्बर, 2023 तक हर बियफे के आनन्द विहार टर्मिनस से 14:45 बजे प्रस्थान कs के मुरादाबाद से 17:55 बजे, बरेली से 19:15 बजे, दूसरका दिन सीतापुर से 00:15 बजे, बुढ़वल से 02:28 बजे, गोण्डा से 03:30 बजे, बस्ती से 04:43 बजे आ खलीलाबाद से 05:14 बजे, गोरखपुर से 06:25 बजे, देवरिया सदर से 07:25 बजे आ सीवान से 08:30 बजे छूटके छपरा 09:30 बजे पहुंची।

एह विषेष गाड़ी में लगेज सह जनरेटर यान के एगो, साधारण द्वितीय श्रेणी के तीन, शयनयान श्रेणी के छव, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के आठ, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित प्रथम सह द्वितीय श्रेणी के एक आ एलएसएलआरडी के एगो कोच सहित कुल 22 कोच लागी।

674920cookie-checkछपरा-आनंद विहार के बीच स्पेशल ट्रेन के होई संचालन: 8 से 30 नवंबर तक हर बुध के छपरा से चली ट्रेन, त्योहार में यात्रियन के होई सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.