नई दिल्ली। राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस के अवसर पs नई दिल्ली में भारत मंडपम में एगो विशेष कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह दौरान भारतीय अंतरिक्षयात्री शुभांशु शुक्ला के संगे गगनयान मिशन पs जाये वाला आउर अंतरिक्षयात्री मवजूद रहल लोग। संगही केंद्रीय विज्ञान आ तकनीक मंत्री जितेंद्र सिंह आउर इसरो के चेयरमैन वी नारायणन कार्यक्रम में मवजूद रहलें। एह कार्यक्रम के प्रधानमंत्री मोदी वर्चुअली संबोधित कइलें। अपना संबोधन में पीएम मोदी देशवासियन के दूसरका राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस के बधाई देलें।
‘अंतरिक्ष क्षेत्र में एक के बाद एक नया उपलब्धि हासिल कs रहल बा भारत’
प्रधानमंत्री कहलें कि ‘अबकी बेर के अंतरिक्ष दिवस के थीम आर्यभट्ट से गगनयान तक बा। एमे अतीत के आत्मविश्वासो बा आ भविष्य के संकल्पो बा। आज हमनी के देख रहल बानी कि एतना कम समय में राष्ट्रीय अंतरिक्ष दिवस हमनी के नवहन के बीच उत्साह आ आकर्षण के विषय बन गइल बा। ई देस खातिर गौरव के बात बा।’ प्रधानमंत्री कहलें कि ‘अंतरिक्ष क्षेत्र में एक के बाद एक नया उपलब्धि हासिल कइल, ई भारत आ भारत के वैज्ञानिकन के स्वभाव बन गइल बा। दु साल पहिलहूं भारत अइसन पहिला देस बनल रहे, जवन चनरमा के दक्षिणी ध्रुव पs पहुंच के इतिहास रचलें। हमनी के ओह देसन में सामिल हो गइल बानी सs, जे अंतरिक्ष में डॉकिंग आ अनडॉकिंग के क्षमता हासिल कs लेले बा।’
आवे वाला समय में आपन स्पेस स्टेशन बनाई भारत
उ कहलें कि ‘शुभांशु शुक्ला इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन पs तिरंगा फहराके हर भारतीय के गरब से भर देलें। जब उ तिरंगा हमरा के देखावत रहलें, उ गरब के पल आ अनुभूति रहे। उ शब्दन से परे बा। आज भारत सेमी क्रायोजेनिक इंजन आ इलेक्ट्रिक प्रोपल्शन जइसन अहम तकनीक के दिशा में तेजी से आगे बढ़ रहल बा। जल्दिये अपना वैज्ञानिकन के मेहनत से गगनयान सफलता के उड़ान भरी आ आवे वाला समय में भारत आपन स्पेस स्टेशनो बनाई।’
अंतरिक्ष तकनीक से प्रशासन में मिल रहल बा मदद
प्रधानमंत्री कहलें कि हम लाल किला से कहले रहस कि हमनी के रास्ता रिफॉर्म, परफॉर्म आ ट्रांसफॉर्म के रास्ता बा। एहिसे बीतल 11 बरिसन में देस स्पेस सेक्टर एक के बाद एक लगातार बड़ सुधार कइले बा। आज अंतरिक्ष तकनीक भारत में प्रशासन के हिस्सा बन रहल बा। फसल बीमा योजना में सैटेलाइट के मदद से आकलन हो रहल बा। मछुआरन के सैटेलाइट्स के मदद से जानकारी आ सुरक्षा मिल रहल बा। आपदा प्रबंधन होखे भा पीएम गति शक्ति आदि में अंतरिक्ष तकनीक के इस्तेमाल हो रहल बा। आज अंतरिक्ष में भारत के प्रगति नागरिकन के जिनगी आसान बन रहल बा।
Read Also: CBI Raid: सीबीआई अनिल अंबानी के आरकॉम पs 2000 करोड़ के बैंक धोखाधड़ी के दर्ज, परिसरन पs छापा