Jammu and Kashmir: डोडा में बादल फटल, 10 से जादे घर तबाह; अब तक तीन लोगन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2025

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के डोडा में बादल फटला (Doda Cloudburst) से एक बेर फेर तबाही मच गइल बा। 10 से जादे घर तबाह हो गइल बा। डोडा जिला में लगातार भारी बरखा के कारण भूस्खलन, माटी

Share

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के डोडा में बादल फटला (Doda Cloudburst) से एक बेर फेर तबाही मच गइल बा। 10 से जादे घर तबाह हो गइल बा। डोडा जिला में लगातार भारी बरखा के कारण भूस्खलन, माटी धंसला आ पत्थर गिरला के घटना भइल बाड़ी सs, जवना के कारण कइयन गो संपर्क सड़कन के संगे-संगे राष्ट्रीय राजमार्ग के कइयन गो हिस्सा बंद हो गइल बा।


जानकारी खातिर बता दीं कि ई बादल डोडा जिला के थाथरी उप-मंडल में फटल बा। जहां अचानक से तबाही मच गइल बा। एकरा पहिले किश्तवाड़ आ थराली में अइसन घटना हो चुकल बा। किश्तवाड़ जिला आ डोडा के कइयन गो इलाकन में बादल फटला के सूचना मिल रहल बा।

डिप्टी कमिश्नर हरविंदर सिंह कहलें कि तीन दिनन से लगातार बरखा हो रहल बा। खास कs के चिनाब नदी के इलाकन में दुगो जगह से बादल फटला के खबरें आइल बा। बादल फटला से एनएच-244 बह गइल।

उ आगे बातचीत में कहलें कि हमनी के टीम ओकरा के बहाल करे में जुटल बियाह। अब तक तीन लोगन के जान जा चुकल बा। एमे से दुगो गंधोर में आ एगो ठठरी सबडिवीजन में बा। 15 रिहायशी घर क्षतिग्रस्त भइल बा आ कइयन गो गौशाला के नुकसान पहुंचल बा।

आगे बतवलें कि एगो निजी स्वास्थ्य केंद्र क्षतिग्रस्त भइल बा। तीन पैदल पुल बह गइल बा। चिनाब नदी के उच्चतम जलस्तर 900 फीट हs आ वर्तमान में ई 899.3 मीटर तक पहुंच चुकल बा, माने सवा मीटर के अंतर बा। जवना तरे बारिश हो रहल बा, हमनी के आशंका बा कि एचएफएल टूट जाई। हमनी के चिनाब नदी के अगरी-कगरी आ चिनाब नदी से सटल सड़कन पs लोगन के आवाजाही सीमित कs देले बानी सs। लोगन के सुरक्षित जगहन पs पहुंचावल गइल बा।

Read Also: Cheteshwar Pujara Retirement: चेतेश्वर पुजारा क्रिकेट से लेलें संन्यास, 20 साल के रहल करियर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.