CBI Raid: सीबीआई अनिल अंबानी के आरकॉम पs 2000 करोड़ के बैंक धोखाधड़ी के दर्ज, परिसरन पs छापा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2025

नई दिल्ली। बैंक धोखाधड़ी ममिला में आरकॉम आ अनिल अंबानी से जुड़ल परिसरन के सीबीआई तलाशी ले रहल बिया। अधिकारी लोग बतावल कि सीबीआई कथित बैंक धोखाधड़ी के सिलसिला में सनिचर के रिलायंस कम्युनिकेशंस के

Share

नई दिल्ली। बैंक धोखाधड़ी ममिला में आरकॉम आ अनिल अंबानी से जुड़ल परिसरन के सीबीआई तलाशी ले रहल बिया। अधिकारी लोग बतावल कि सीबीआई कथित बैंक धोखाधड़ी के सिलसिला में सनिचर के रिलायंस कम्युनिकेशंस के खिलाफ ममिला दर्ज कइलस आ ओकरा परिसरन के तलाशी लेलस। एह धोखाधड़ी से भारतीय स्टेट बैंक के 2,000 करोड़ रुपिया से जादे के नुकसान भइल बा। एजेंसी आरकॉम आ ओकर प्रमोटर निदेशक अनिल अंबानी से जुड़ल परिसरन के तलाशी ले रहल बिया।

एकरा पहिले वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी पिछला महीना लोकसभा में एगो लिखित उत्तर में बतवले रहस कि आरबीआई के धोखाधड़ी जोखिम प्रबंधन पs मास्टर निर्देश आ बैंक के बोर्ड के ओर से अनुमोदित धोखाधड़ी के वर्गीकरण, रिपोर्टिंग आ प्रबंधन नीति के अनुसार एह संस्थानन के 13 जून के फ्रॉड के रूप में वर्गीकृत कइल गइल रहे। उ कहले रहस कि 24 जून 2025 के बैंक आरबीआई के धोखाधड़ी के वर्गीकरण के सूचना देलस।

Read Also: UP: एक लाख के इनामी बदमाश शंकर कनौजिया एनकाउंटर में ढेर, आजमगढ़ में एसटीएफ के संगे भइल मुठभेड़ में मारल गइल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.