जम्मू-कश्मीर के कुलगाम में सुरक्षाबल 5 गो आतंकियन के मार गिरवले, मुठभेड़ में सेना के 2 जवान घायल

प्रतीकात्मक तस्वीर

Share

जम्मू कश्मीर के कुलगाम में आतंकियन के खिलाफ एगो बड़हन अभियान चलावल गइल बा. एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल 5 गो आतंकियन के मार दिहले बा. एह मुठभेड़ में दू गो जवान घवाहिल हो गइल बाड़े. संदिग्ध आतंकी के मौजूदगी के खुफिया जानकारी मिलला के तुरंत बाद सुरक्षा बल घेराबंदी अवुरी तलाशी अभियान शुरू कs देलस। एs दौरान आतंकी सुरक्षा बल पs गोलीबारी शुरू कs देले, जवना के बाद सुरक्षा बल भी जवाबी कार्रवाई कईले।  दक्षिण कश्मीर के कुलगाम के कादेर बिहिबाग इलाका में भईल एs मुठभेड़ के बारे में एगो अधिकारी बतवले कि, ‘पांच आतंकी के लाश बाग में पड़ल बा, बाकिर अबे ले उs लोग के पकड़ल नईखे गईल। 

मुठभेड़ से एक दिन पहिले सुरक्षा बल कुपवाड़ा जिला के नियंत्रण रेखा के नजदीक जंगल क्षेत्र से हथियार, गोला-बारूद अवुरी मादक पदार्थ के भंडार बरामद कईले रहे।  एगो खास खुफिया जानकारी के आधार पs मंगल के सेना अवुरी पुलिस नियंत्रण रेखा के नजदीक तंगधार के अमरोही इलाका में संयुक्त तलाशी अभियान शुरू कईले। सेना के श्रीनगर स्थित चिनार कोर ‘एक्स’ पs जारी एगो पोस्ट में कहलस कि, तलाशी अभियान के दौरान चार पिस्तौल, 6 मैगजीन, करीब चार किलो नशीला पदार्थ अवुरी बाकी हथियार बरामद भईल बा.

गृहमंत्री अमित शाह सुरक्षा स्थिति के समीक्षा कs सकतारे

केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह बियफ़ें के जम्मू-कश्मीर के सुरक्षा स्थिति के समीक्षा कs सकतारे। सूत्र बतवले कि केंद्रीय क्षेत्र में सितंबर अवुरी अक्टूबर में भईल विधानसभा चुनाव के बाद पहिला बेर इs बैठक होई। एह बइठक में जम्मू-कश्मीर के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा, सेना, अर्धसैनिक बल, जम्मू-कश्मीर प्रशासन, खुफिया एजेंसी आ गृह मंत्रालय के शीर्ष अधिकारी शामिल हो सकेलें. सूत्र बतवले कि, गृहमंत्री जम्मू-कश्मीर के सुरक्षा स्थिति के समीक्षा करीहे। उs लोग के केंद्र शासित प्रदेश के वर्तमान स्थिति अवुरी सीमावर्ती इलाका के स्थिति के बारे में जानकारी दिहल जाई। 

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: बढ़ी लइकन के लंबाई, चिंता होई दूर.. बस कराईं इs तीन गो Yoga

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-