कांग्रेसी प्रभात पांडेय के शव गोरखपुर ले आवल गइल: प्रदर्शन के समय लखनऊ में भइल रहे मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2024

लखनऊ में बुध के प्रदर्शन के दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता प्रभात पांडेय के मौत हो गइल। देर रात प्रभात के शव के पोस्टमॉर्टम भइल। प्रारंभिक रिपोर्ट में पता चलल बा कि हार्ट अटैक से उनकर मौत

Share


लखनऊ में बुध के प्रदर्शन के दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता प्रभात पांडेय के मौत हो गइल। देर रात प्रभात के शव के पोस्टमॉर्टम भइल। प्रारंभिक रिपोर्ट में पता चलल बा कि हार्ट अटैक से उनकर मौत भइल। पुलिस चाचा मनीष पांडेय के तहरीर पs अज्ञात के खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। आज प्रभात के अंतिम संस्कार कइल जा रहल बा।

बियफे के सबेरे शव गोरखपुर पहुंचल। मां रोवत-रोवत बेसुध हो गइल। पिता दीपक कहलें- ई हमरा कर्मन के दोष बा। हमार इकलौता बेटा चल गइल। कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष अजय राय के अलावा राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी गोरखपुर आके परिवार से मिल सकत बा लो।

पिता बोललें- इकलौटा बेटा छोड़ गइल

प्रभात के पिता दीपक पांडेय कहलें- हमनी के तs सब मिट गइल… सब खत्म हो गइल। इकलौता बेटा चल गइल। सब हमरा कर्म के दोष बा। बाकी हमरा के कुछ नइखे मालूम।

चाचा बोललें- आपन लईका खो देनी…राजनीति के जरूरत नइखे, न्याय चाहीं

चाचा मनीष पाण्डेय बतवलें कि उनका कांग्रेस कार्यालय से फोन आइल कि दु घंटा से उनकर भतीजा बेसुध पड़ल बा। आनन-फानन में ओकरा के अस्पताल ले जाइल गइल, जहां चिकित्सक लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। ऊ एह ममिला के निष्पक्ष जांच चाहत बाड़ें। ऊ आपन बच्चा खो देले बाड़ें, जवन अब वापस ना आई। एह पs कवनो तरे के राजनीति के जरूरत नइखे। उनका न्याय चाहीं।

कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे आ आउर लोगन के फोन आइल रहे। ऊ ओहू लोगन से भतीजा के मौत पs सवाल कइले। जदि ऊ दु घंटा तक कांग्रेस कार्यालय पs बेहोश रहस, तs उनका के अस्पताल काहे ना ले जाइल गइल? ऊ अज्ञात के खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्ज करवले बाड़ें।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.