[the_ad_group id="30365"]

कहीं राउर घर के वाईफाई रात में भी चालू ना रहेला… जान लीं कि ई केतना खतरनाक बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आदमी एह घरी अइसने कई गो चीजन से घिरल बा, जवन ओकरा नजर में ना आवेला बाकिर ओकरा खातिर बहुते खतरनाक मानल जाला। वाईफाई भी एही में से एगो ह। दरअसल संचार प्रणाली आ तकनीक से लोग के स्वास्थ्य के जवन सुविधा देले बा ओकरा से जादे नुकसान पहुंचवले बा। वाईफाई भी कुछ अयीसने करेला। लेकिन एकरा से बचावल जा सकता, खास तौर पे जब आप एकर इस्तेमाल नईखी करत।

 बेहतर कनेक्टिविटी के साथ बहुत सारा बेमारी

बेहतर कनेक्टिविटी आ तेज इंटरनेट स्पीड खातिर हमनी के घर में वाईफाई लगवइले बानी जा, का रउवा जानत बानी कि एकरा से रउवा केतना बेमार हो सकेनी। वाईफाई से निकले वाला इलेक्ट्रोमैग्नेटिक तरंग के आपके स्वास्थ्य पे बुरा असर पड़ सकता। असल में वाईफाई राउटर से बहुत प्रकार के रेडिएशन वेव निकलेला, जवना से आपके डिप्रेशन, अनिद्रा ae हाई ब्लड प्रेशर जईसन बेमारी हो सकता।

वाईफाई से कवन बेमारी हो सकेला

वाई-फाई के इलेक्‍ट्रोमैगनेट तरंग आ इंटरनेट के जादा इस्तेमाल से भी आपके नींद पे असर पड़ेला। एकरा से अनिद्रा के समस्या पैदा हो सकता। वाई-फाई के विकिरण के तरंग हमनी के मानसिक रूप से प्रभावित करेला। इंटरनेट के जादा इस्तेमाल से भी जनता के स्मृति शक्ति पे असर पड़ता। एकरा चलते अल्जाइमर के समस्या हो रहल बा।

 एकरा से कइसे बचे के चाहीं

हमनी के मानल ​​बा कि आज के समय में सभके बेहतर कनेक्टिविटी आ तेज इंटरनेट स्पीड के जरूरत बा आ एकरा बिना आपके बहुत काम नईखे हो सकत। हालांकि एकर बुरा असर से बचे खातिर हमनी के एकर इस्तेमाल सीमित क सकेनी जा। जरूरत पड़ला पे ही इनका के चालू रखे के चाहीं। रात में सुते के समय वाईफाई बंद करे के कोशिश करीं। अयीसन कईला से ना सिर्फ आपके विकिरण तरंग आ विद्युत चुम्बकीय तरंग से बचावल जाई, बालुक बिजली के भी बचत होई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]