राजघाट थाना पs भइल समाधान दिवस के आयोजन

कुमार आशू

गोरखपुर में वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक डॉ गौरव ग्रोवर के निर्देश अउरी एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई के पर्यवेक्षण क्षेत्राधिकारी कोतवाली के कुशल मार्गदर्शन में राजघाट थाना प्रभारी संजय कुमार मिश्र के अध्यक्षता में थाना समाधान दिवस के आयोजन कइल गइल।

समाधान दिवस में 4 मामिला आइल जेहमें से 3 मामिला के मौका पर निपटारा कइल गइल। दू मामिला जमीन अउरी दू मामिला में पुलिस से संबंधित रहल। समाधान दिवस पर लेखपाल अनिल कुमार राय, उपनिरीक्षक संजय कुमार गुप्ता, उप निरीक्षक डॉ आशीष कुमार तिवारी समेत अन्य लोग उपस्थित रहल।

Share This Article