[the_ad_group id="30365"]

आदित्य हत्याकांड में जलालपुर बाजार पांचवा दिने रहल बंद, पूरा इलाका पुलिस छावनी में तब्दील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार (सारण) । धर्मेंद्र कुमार सिंह: सारण के जलालपुर में भइल आदित्य हत्याकांड के लेके आज पंचवो दिने जलालपुर बाजार बंद बा आ भारी संख्या में पुलिस बल तैनात बा। पूरा इलाका पुलिस छावनी में तब्दील हो गइल बा। ओहिजा पीड़ित के घर पहुंचे वाला राजनेता लोगन के दौर लगातार जारी बा। ऊ सभे आदित्य के परिवार जनन से मिलके ओह लो के सांत्वना देवे के काम कर रहल बा। एने सदर एसडीपीओ से लोग पांच युवकन के छोड़े के आग्रह कइले बा।

सारण में आदित्य हत्याकांड के विरोध में जलालपुर बंद :

एह घटना के बाद से मिडिल स्कूल भट्टकेसरी के अस्थाई रूप से बंद कs के ओकरा के पुलिस कैंप कार्यालय के रूप में बदल दिहल गइल बा। एकरा संगही योगी बाबा, भट्टकेसरी बाजार, समुदाय विशेष के धार्मिक स्थानन पs भारी मात्रा में पुलिस बल के तैनाती कर दिहल गइल बा। 5 लोगन के एगो समुदाय विशेष के धार्मिक स्थल पs कथित तौर पs आग लगावे के ममिला तूल पकड़ लेले बा। एह ममिला में उहां तैनात अवर निरीक्षक मधुसूदन शर्मा के बयान पs भट्टकेसरी गांव के सात जुवकन पs प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

धार्मिक स्थल पs 24 घंटा पुलिस बल के तैनाती :

एने ममिला में पांच जुवकन के पुलिस द्वारा हिरासत में लेवे के बात कहल जा रहल बा। हालांकि पुलिस, अभियुक्त बनावल गइल लोगन के नाम बतावे से इंकार कर रहल बिया। हालांकि प्राथमिकी के बाद स्थानीय लोगन में उबाल बा आ धार्मिक स्थल पs 24 घंटा पुलिस बल के तैनाती कs दिहल गइल बा। आज अतवारो के भारी मात्रा में पुलिस बलन द्वारा बराबर गश्त कइल जा रहल बा। गौर करे आला बात बा कि एह घटना के सांप्रदायिक रंग देवे के कोसिस कइल गइल, बाकिर पुलिस द्वारा बराबर चौकसी बरतल जा रहल बा।

जलालपुर में आदित्य के भइल रहे हत्या :

गौर करे आला बाते बा कि बिहार के छपरा के जलालपुर गांव में दसवीं के छात्र आदित्य के हाई स्कूल में चाकू गोदके हत्या कs दिहल गइल रहे। घटना के बाद परिजनन के रो-रो के बुरा हाल हो गइल बा। उहां मर्डर के बाद गांव में तनाव के स्थिति के देखत पूरा इलाका पुलिस छावनी (Police Camp At Jalalpur) में तब्दील हो गयइल बा।

एह घटना के जांच करे खातिर सारण एसपी संतोष कुमार दलबल के संगे मृतक के गांव पहुंचले आ जांच कइले। ऊ कहले कि कवनो स्थिति में सांप्रदायिक सौहार्द बिगड़े ना दिहे आ दोषियन पs ऊ लगातार कार्रवाई कर रहल बाड़े। दोषियन के कवनो कीमत पs बख्शल ना जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]