Smriti Mandhana Net Worth : स्मृति मंधाना के सालाना कमाई मंगेतर पलाश पs भारी! बैंक बैलेंस के देवेली कड़ा टक्कर

Smriti Mandhana smiling during a cricket event, Indian women cricketer net worth and income spotlight

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : भारतीय महिला क्रिकेट टीम के उप-कप्तान स्मृति मंधाना एह घरी क्रिकेट मैच खेलके ना, बलुक अपना पर्सनल लाइफ के लेके खूब सुर्खी बटोर रहल बाडी। स्मृति के 23 नवंबर 2025 ले उनकर लॉन्ग टाइम बॉयफ्रेंड पलाश मुच्छल से बियाह होखे के रहे, बाकिर ओह दुनो के बियाह फिलहाल टल गइल बा।

बियाह टलला के वजह ई रहल कि जवना दिने बियाह होखे के रहे ओहि दुपहरिया स्मृति के पिता के हार्ट अटैक आइल आ उनका के तुरंत अस्पताल ले जाइल गइल। एह वजह से पलाश-स्मृति दुनो लोग ई फैसला लेलस कि ऊ लोग बियाह के पोस्टपोन कs रहल बा।

एह बीच फैंस ई जाने ला बेताब बा लोग कि स्मृति-पलाश के नेटवर्थ केतना बा ई दुनो में से जादे अमीर के बा? आईं जानल जावs एह आर्टिकल के माध्यम से।

Smriti Mandhana Net Worth: केतना बा स्मृति मंधाना के नेटवर्थ?

स्मृति मंधाना के नेटवर्थ (Smriti Mandhana Net Worth Latest) के बात करीं तs ऊ करीब 34-35 करोड़ रुपिया बा। स्मृति के कमाई के मुख्य जरिया क्रिकेट बा, जहां बीसीसीआई के सेंट्रल कॉन्ट्रैक्ट में ऊ ग्रेड-ए में सामिल बाड़ें, जवना के तहत उनका सालाना 50 लाख रुपिया के सैलरी मिलेला। उनका के हर इंटरनेशनल मैच खातिर मैच फीस मिलेला।

एगो टेस्ट मैच खेले खातिर स्मृति के 15 लाख रुपिया, एगो वनडे मैच खातिर स्मृति के 6 लाख रुपिया, एगो टी20 इंटरनेशनल मैच खातिर 3 लाख रुपिया मिलेला। उनका महिला प्रीमियर लीग से पईसा मिलेला आ ऊ अलग-अलग ब्रांड एंडोर्समेंट के माध्यम से कमाई करेलें।

आरसीबी महिला प्रीमियर लीग के पहिला सीजन में स्मृति के 3.4 करोड़ रुपिया में किनले रहे, जवना से ऊ WPL इतिहास के सबसे महंगा खिलाड़ी बन गइल रहली। ओहिजा, आरसीबी के कप्तानी करत आ WPL के खिताब जीतला के बाद उनकर ब्रांड वैल्यू 30 प्रतिशत बढ़ल।

स्मृति मंधाना अपना सानदार क्रिकेट करिअर आ लोकप्रियता के दम पs कइयन गो भारतीय नामी ब्रांड्स के संगे साझेदारी कइले बाडी।  ऊ Hyundai, Hero MotoCorp, Red Bull, Garnier, Nike, Mastercard, Havells, Wrangler, Gulf Oil, Herbalife, Bata Power आ UNICEF India जइसन प्रतिष्ठित कंपनियन के संगे ब्रांड एम्बेसडर के तौर पs काम कइले बाड़ी।

Smriti Mandhana के मंगेतर Palash Muchhal के नेटवर्थ

पलाश एगो मशहूर संगीतकार हवे जेकर म्यूजिक इंडस्ट्री से खास कनेक्शन बा। उनकर जन्म 1995 में भइल रहे। ऊ ‘प्रेम रतन धन पायो’ के सिंगर पलक मुच्छल के छोट भाई हवे। पलाश म्यूजिक परिवार से ताल्लुक रखलें, जे 2014 में फिलिम ‘ढिश्कियाऊं’ से अपना करिअर के सुरुआत कइले रहस।

एकरा बाद ऊ ‘भूमि’ आ ‘तेरे बिन लादेन: डेड ऑर अलाइव’ जइसन फिलिमन खातिर लोकप्रिय गाना देलें। भूतनाथ रिटर्न में ‘पार्टी तो बनती है’ और ‘तू ही है आशिकी’ जइसन सुपरहिट गानन के म्यूजिक देलें। बता दीं कि पलाश मात्र 18 साल के उमिर में बतौर म्यूजिक कंपोजर आपन जर्नी के सुरुआत कइले रहस।

जहां तक उनकर संपत्ति के बात बा, पलाश मुखाल के नेटवर्थ के कवनो आधिकारिक आंकड़ा नइखे। सियासत डेली.कॉम के रिपोर्ट्स के अनुसार, उनका अनुमानित संपत्ति 24 करोड़ से 41 करोड़ रुपिया के बीच बा। उनकर कमाई के जरिया फिलिमन के गाना, सिंगल्स, म्यूजिक कोलैबोरेशन आ आउर म्यूजिक प्रोजेक्ट्स बा।

ओहिजा, पलाश आ स्मृति मंधाना के कुल नेटवर्थ के बात करीं, तs दुनो के कुल मिलाके 50 से 75 करोड़ के आसपास नेटवर्थ बतावल जा रहल बा।

Read Also: 26 नवंबर 2025 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-